एक्सवीडियोज

विकिपीडिया से
(XVideos से अनुप्रेषित)
एक्सवीडियोज
XVIDEOS
एक्सवीडियोज के लोगो
साइट के प्रकार
पोर्न बीडियो साझा करे वाली
बीडियो होस्टिंग सर्विस
भाषारूसी भाषा
मालिकडब्लूजीसी होल्डिंग[1][2]
स्लोगन"दि बेस्ट फ्री पोर्न वेबसाइट" (1980–2020)
वेबसाइटwww.xvideos.com
अलेक्सा रैंकIncrease 38 (बैस्विक, मार्च 2018 तक ले )[3]
बिज्ञापनहँऽ
कॉमर्शियलहँऽ
रजिस्ट्रेशनबैकल्पिक
लॉन्च भइलअगस्त 11, 1980; 43 साल पहिले (1980-08-11)
वर्तमान स्थितिऑनलाइन

एक्सवीडियोज (लिखे के तरीका: XVideos) दुनिया के कुछ सभसे बड़हन पोर्न (अश्लील सामग्री) वाली वेबसाइट सभ में से एक बा। ई गंदा बीडियो साझा करे वाली होस्टिंग वेबसाइट हवे। वेबसाइट एगो चेक कंपनी के नाँव से रजिस्टर कइल गइल बा जेकर नाँव डब्लूजीसी होल्डिंग्स बा।[1][4] 9 मार्च 2018 तक ले , ई दुनिया के 38वाँ सभसे ढेर बिजिट कइल जाए वेबसाइट रहल।[3]

साल 2012 में, अइसन इस्टीमेट कइल गइल कि ई वेबसाइट टेराबाइट प्रति सेकेंड के गती से स्ट्रीमिंग करे ले, ई आँकड़ा लंदन से न्यूयार्क के बीच उपलब्ध नेटवर्क बैंडविर्थ के पनरहवाँ हिस्सा के बराबर रहल।[5]

इतिहास[संपादन करीं]

एक्सवीडियोज एक तरह से मीडिया एकट्ठाकारी के भूमिका अदा करे ला, मने कि अइसन वेबसाइट जे एडल्ट सामग्री तक ठीक ओइसहीं पहुँच उपलब्ध करावे जइसे कि यूट्यूब पर आम जनरल चीज के बीडियो उपलब्ध होला।[6][7] प्रोफेशनल बीडियो निर्माता सभ से लिहल बीडियो (बहुधा पाइरेटेड भी) आ अनगढ़ बीडियो बनावे वाला लोग के बीडियो सभ के मेरवन एह वेबसाइट पर अपलोड होला।[6][7] साल 2012 तक ले के जानकारी के मोताबिक, एक्सवीडियोज दुनिया के सभसे बड़हन एडल्ट (अश्लील) सामग्री वाली वेबसाइट रहल, कुल लगभग 4.4 बिलियन पेजव्यू प्रति महीना से ज्यादा देखल जाए वाली वेबसाइट के रूप में।[8] माइंड जीक के मालिक फैबियन थिलमैन एकरा के खरीदे के कोसिस कइलेन हालाँकि, एक्सवीडियोज के फ्रांसीसी मालिक साल 2012 में एकरा खातिर ऑफर कइल गइल $120 मिलियन के रकम के ठोकर मार दिहलें आ प्रस्ताव के रिजेक्ट क दिहलें।[7]

वेब ट्रैफिक आ रैंक[संपादन करीं]

साल 2018 के मार्च में, सिमिलरवेब द्वारा एकरा के 5वाँ सभसे पापुलर वेबसाइट मानल गइल आ एडल्ट कटेगरी में नमर एक के वेबसाइट बतावल गइल।[9][10].

सेंसर[संपादन करीं]

भारत[संपादन करीं]

साल 2015 में, कंपनी के भारत सरकार द्वारा लक्ष्य कइल गइल आ 857 'पोर्नोग्राफिक' वेबसाइट सभ के बंद कइल गइल जेह में इहो सामिल रहल, एह लिस्ट में कालेजह्यूमर नियर गैर-पोर्न वेबसाइट भी रहली स।[11][12]

मलेशिया[संपादन करीं]

साल 2015 में, मलेशिया सरकार द्वारा एक्सवीडियोज के बंद क दिहल गइल, उहाँ के कम्युनिकेशन आ मल्टीमीडिया एक्ट 1998 के उलंघन में पावल जाए के कारण ई कार्रवाई कइल गइल। एह एक्ट में "अश्लील सामग्री" के डिजिटल रूप में साझा करे के मनाही कइल गइल हवे।[13]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Woods, Ben (February 2016). "The (almost) invisible men and women behind the world's largest porn sites". thenextweb.com. Amsterdam: The Next Web B.V. Retrieved अक्टूबर 30, 2016.
  2. "xvideos.com whois lookup". who.is. Retrieved 7 जनवरी 2017.
  3. 3.0 3.1 "Xvideos.com Traffic, Demographics and Competitors". Alexa. Archived from the original on 2019-05-17. Retrieved 2018-01-17.
  4. Kurzy.cz. "WGCZ Holding, a.s., Praha IČO 03291715 - Obchodní rejstřík firem". kurzy.cz (Czech में). Retrieved 2018-03-26.
  5. "Is the whole world looking at porn? Biggest site gets over FOUR BILLION hits a month". Mail Online. Retrieved 2017-08-29.
  6. 6.0 6.1 Tsika, Noah (अक्टूबर 3, 2016). Pink 2.0: Encoding Queer on the Internet. Bloomington, IN: Indiana University Press. pp. 61–62. ISBN 0253023238.
  7. 7.0 7.1 7.2 "Naked capitalism". दि इकोनॉमिस्ट. सितंबर 26, 2015. Retrieved अगस्त 31, 2017.
  8. Yagielowicz, Stephen (अप्रैल 4, 2012). "Report: The Internet Really Is for Porn". XBIZ. Retrieved अगस्त 31, 2017.
  9. "Top Websites in the world - SimilarWeb Website Ranking". www.similarweb.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-03-26.
  10. "Top Adult Websites in the world". www.similarweb.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-03-26.
  11. "Xvideos.com has the most subtle but brilliant response to govt's #Pornban". Firstpost (अंग्रेजी में). 2015-08-04. Retrieved 2017-08-29.
  12. Akolawala, Tasneem. "Xvideos, College Humor lash out at Indian government after porn ban | Latest Tech News, Video & Photo Reviews at BGR India". BGR India (अंग्रेजी में). Retrieved 2017-08-29.
  13. IBTimes. "Malaysia porn ban: xVideo, PornHub among websites blocked for 'obscene content'". International Business Times, India Edition (अंग्रेजी में). Retrieved 2017-08-29.