पोर्नोग्राफी

पोर्नोग्राफी (pornography), जेकरा के आम भाषा में पोर्न चाहे पोर्नो भी कहल जाला, कामुकता चाहे सेक्स संबंधी सामग्री "जइसे कि फोटो, बीडियो, चाहे पाठ" के रूप में परिभाषित कइल जाला, जे कामुक उत्तेजना पैदा करे वाला होखे। मने कि अइसन सामग्री पोर्न फिलिम, अश्लील चित्र (फोटो भा पेंटिंग) आ कामोत्तेजक भा अश्लील साहित्य के रूप में हो सके ला।
अइसन मटेरियल के लमहर इतिहास रहल बा आ प्राचीन काल के गुफा पेंटिंग से ले के आज्काल्ह के वर्चुअल रियलिटी वाला माध्यम सभ ले एकर बिकास आ बिस्तार भइल बाटे। पोर्नोग्राफी के इस्तेमाल के रिक्रिएशनल एक्टिविटी से ले के कानूनी आ नैतिक रूप से हानिकारक तक ले मानल जाला। वयस्क भा एडल्ट लोग के लायक सामग्री आ पोर्नो में भी कई बेर बिभेद कइल जाला; एडल्ट भा कामोत्तेजक सामग्री के कई बेर पोर्न के रूप में कटेगराइज कइल जाला।
जहाँ एक ओर अइसन सामग्री के कामुक इच्छा सभ के सुरक्षित निकास के माध्यम मानल जाला, कई दसा में ई अपराध आ सामाजिक कुरूपता के रूप में भी देखल जाला।
गैलरी
[संपादन करीं]- 1920 के दशक का एक विंटेज चित्र
- एनीबेल कैराची द्वारा चित्रित जुपिटर और जूनो
- कॉर्नेलिस वैन हार्लेम की कृति बिफोर द डेल्यूज अर्थात जलप्रलय से पूर्व
- फर्नांड नामक एक पुरानी श्वेत-श्याम तस्वीर
- बिकनी पहने हुए विकिपीडिया की शुभंकर विकिपी-तान
- पोम्पेई से प्राप्त एक प्राचीन रोमन भित्ति चित्र
- जीन ऑगस्टे डोमिनिक इंग्रेस द्वारा निर्मित प्रसिद्ध चित्र द स्प्रिंग
- वर्ष 2009 के एक कार्यक्रम में फीनिक्स मैरी
- एडुआर्ड-हेनरी एवरिल द्वारा बनाया गया एक कला चित्र
- पॉल एवरिल द्वारा पिएत्रो एरेटिनो की रचना के लिए बनाया गया सचित्र कार्य