Jump to content

करोल एम. हाइस्मिथ

विकिपीडिया से
(Carol M. Highsmith से अनुप्रेषित)
करोल ऍम॰ हाइस्मिथ
Carol M. Highsmith
Carol M. Highsmith self portrait in front of a broken mirror at the Willard Hotel in 1980
Born
करोल मककेनी

(1946-05-18) मई 18, 1946 (उमिर 78)
Leaksville, North Carolina (since renamed "Eden"), United States
Nationalityअमेरिकी
EducationCorcoran School of Art
Known forअमेरिका संबंधी फोटोग्राफी कलेक्शन
Patron(s)George F. Landegger; The Capital Group Foundation in memory of its late chairman, Jon B. Lovelace; Lyda Hill of Dallas, Texas; The Gates Frontiers Fund; The Ben May Family Foundation
WebsiteCarolHighsmithAmerica.com ThisIsAmericaFoundation.org

करोल ऍम॰ हाइस्मिथ (अंग्रेजी: Carol M. Highsmith; जनम 1946) एक ठो अमेरिकी फोटोग्राफर, लेखिका, आ प्रकाशक (पब्लिशर) बाड़ी जे अमेरिका के सगरी राज्यन में आ कोलंबियाप्यूर्तो रिको में फोटोग्राफी कइले बाड़ी। ऊ अमेरिका में हर तरह के फोटोग्राफी (लैंडस्केप, बिल्डिंग, आर्किटेक्चर, सहरी आ देहाती जीवन, अपना काम में लागल लोग सभ वगैरह बिसय के फोटोग्राफी) करि चुकल बाड़ी। करोल, अमेरिका के सज्जो 50 ठो राज्यन में फोटोग्राफी करि के 21वीं सदी के सुरुआती दौर के एगो रिकार्ड बनावे वाली फोटोग्राफर बाड़ी।

हाईस्मिथ अपना काम के (जेह में 1,00,000 फोटो बाटे) फ्री में दान कर देले बाड़ी आ एह फोटो सभ से लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस एक ठो सिगल ब्यक्ति के काम से पुरालेख (आर्काइव) के स्थापना कइले बाटे।[1][2]

  1. लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस, Prints and Photographs Online Catalog, पहुँच तिथि: अगस्त 4, 2012.
  2. "Highsmith (Carol M.) Archive" [हाईस्मिथ (करोल ऍम॰) आर्काइव]. लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस (अंग्रेजी में). Retrieved 2 अप्रैल 2010.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
  • [1] करोल ऍम॰ हाइस्मिथ के वेबसाइट।