Jump to content

2022 के पाकिस्तान के बाढ़

विकिपीडिया से

जून 2022 से अबहीं ले पाकिस्तान मे बाढ़ से नाहियो तऽ 1136 लोग मू गइल बा। ई बाढ़ सामान्य से अधिका मानसून के बरखा आ पिघलत ग्लेशियरन का चलते आइल। ई 2017 के दक्खिन एशियाई बाढ़ के बाद से दुनिया के सभसे जनमरवा बाढ़ हवे। 25 अगस्त के पाकिस्तान बाढ़ के चलते आपातकाल के घोसना कइलस। 29 अगस्त ले पाकिस्तान के जलवायु परिवर्तन मंत्री कहलें कि देस के लगभग "एक तिहाई" हिस्सा पानी के नीचे बा जेवना से 3.3 करोड़ लोग प्रभावित बा। पाकिस्तान सरकार देश भर मे आइल बाढ़ से अबले दस अरब अमेरिकी डॉलर के नुकसान के अनुमान लगवले बिया।