.xxx
Appearance
.xxx (उच्चा.: डॉट ट्रिपल एक्स) एगो स्पॉन्सर्ड टॉप-लेवल डोमेन (sTLD) बाटे, जवन इंटरनेट पर एडल्ट कंटेंट वाला वेबसाइटन खातिर एगो वालंटरी बिकल्पके रूप में बनावल गइल बा। एह डोमेन के स्स्पॉन्सर करे वाला संगठन इंटरनेशनल फाउंडेशन फॉर ऑनलाइन रिस्पॉन्सिबिलिटी (IFFOR) बाटे, आ एकर रजिस्ट्री संचालन ICM रजिस्ट्री LLC द्वारा कइल जाला। ICANN बोर्ड 18 मार्च 2011 के एह sTLD के मंजूरी दिहलस, आ ई 15 अप्रैल 2011 से चालू हो गइल।
एह डोमेन के सनराइज पीरियड 7 सितंबर 2011 से शुरू भइल, आ 28 अक्टूबर 2011 तक चलल। एहके बाद लैंडरश पीरियड 8 नवंबर से 25 नवंबर तक रहल, आ सामान्य उपलब्धता (जनरल अवेलेबिलिटी) 6 दिसंबर 2011 से शुरू भइल।
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |