ह्वांग हो

विकिपीडिया से
ह्वांग हो
हुआंग हे, यलो रिवर, पीली नदी
होकू झरना, ह्वांग हो नदी पर
देस चीन
राज्य किंघाई, सिचुआन, गांसू, निंग्सिया, इनर मंगोलिया, शांसी, शैंसी, हेनान, शानडांग
सहायिका
 - बायें से फेन नदी (अउरी छोट नदी सभ)
 - दहिने से ताओ नदी, वी नदी
उदगम बायान हार पहाड़
 - लोकेशन योशो प्रीफेक्चर, किंघाई
 - ऊँचाई 4,800 मी (15,748 फीट)
 - निर्देशांक 34°29′31″N 96°20′25″E / 34.49194°N 96.34028°E / 34.49194; 96.34028
मुहाना बोहाई सागर
 - लोकेशन केन्ली काउंटी, शानडांग
 - ऊँचाई 0 मी (0 फीट)
 - निर्देशांक 37°46′48″N 119°15′00″E / 37.78000°N 119.25000°E / 37.78000; 119.25000निर्देशांक: 37°46′48″N 119°15′00″E / 37.78000°N 119.25000°E / 37.78000; 119.25000
लंबाई 5,464 किमी (3,395 मील)
थाला 752,546 किमी2 (290,560 वर्ग मील)
जलनिकास
 - औसत 2,571 m3/s (90,794 cu ft/s)
 - अधिकतम 58,000 m3/s (2,048,251 cu ft/s)
 - सबसे कम 1,030 m3/s (36,374 cu ft/s)
ह्वांगहो नदी के चीन में बहे के नक्सा

ह्वांग हो जेकरा अंग्रेजी में यलो नदी (Yellow River; अरथ पीयर नद्दी) कहल जाला, एशिया महादीप के एक ठो प्रमुख नदी बाटे, यांग्तजी नदी के बाद ई एशिया के दुसरी सभसे लमहर नदी हवे आ ई नदी चीन में बहे ले। पीयर माटी वाला लोएस के इलाका से बहे के कारण एह नदी के पानी के रंग पीयर हो जाला जेकरे कारन एकर अइसन नाँव पड़ल हवे। जहाँ ई नदी समुंद्र में गिरे ले ओहिजा भी बड़हन इलाका में समुंदरो के पानी के रंग पीयर हो जाला जेकरा के पीला सागर कहल जाला।

ह्वांग हो नदी के एगो अउरी खास बिसेस्ता हवे एह में आवे वाली भयानक बाढ़। ई नदी जवना मैदानी इलाका में बहे ले, इतिहासी रूप से ई ओह निचला मैदान सभ में आपन प्राकृतिक तटबंध (लीवी) सभ के ऊँच बना लिहले बा आ नदी में गाद-माटी ढेर होखे के कारन एकर तली ऊपर उठ गइल बा। इहे कारन हवे कि जब कभी नदी में अतना ढेर पानी हो जाला कि प्राकृतिक तटबंध तूर के बहे लागे, बिसाल इलाका पानी में बूड़ जाला काहें कि ई आसपास के इलाका नदी के तली ले भी निचाई वाला बा। एही कारण इतिहासी रूप से ह्वांग हो नदी के "चीन के शोक" के नाँव से बोलावल जाला।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Clapp, Frederick G. (1922). "The Hwang Ho, Yellow River". Geographical Review. 12 (1): 1–18. doi:10.2307/208653. Retrieved 2 जून 2018.