"गंगा देवी" इहाँ अनुप्रेषित बाटे। नदी के बारे में लेख खातिर, देखल जाय गंगा। अन्य अरथ आ संबंधित लेख खातिर, देखल जाय गंगा (बहुअर्थी)।
गङ्गा या गंगा
हिंदु धरम मे, गंगा के पाबित्तर मानल गइल बा आ देबी के पदबी दिहल बाटे अउर माई मानल जाला। हिंदु धरम मे हेकर पुजाई होला आ अईसन मानल जाला जे एहमे डुबकी लगइला से पाप से मुक्ति मिल जाला। एहमे मुअल मनई के राख दहाइला से ओकर आत्मा के शांति मिलेला। नर्मदा नदी के एकर बहिन मानल जाला। अईसन मानल जाला जे हर गंगा सतमी के गंगा जी आवेली आ नर्मदा मे सनान करेली।