हिंदी मीडियम (फिलिम)
हिंदी मीडियम | |
---|---|
डाइरेक्टर | साकेत चौधरी |
प्रोड्यूसर | भूषन कुमार कृष्ण कुमार दिनेश विजन |
स्क्रीनप्ले | ज़ीनत लखानी साकेत चौधरी |
कहानी | ज़ीनत लखानी साकेत चौधरी |
कलाकार | इरफ़ान ख़ान सबा क़मर दीपक डोबरियाल |
संगीतकार | गाना: सचिन-जिगर बैकग्राउंड स्कोर: अमर मोहिले |
संपादक | ए श्रीकर प्रसाद |
प्रोडक्शन कंपनी | टी-सीरीज मड्डोक फिल्म्स |
डिस्ट्रीब्यूटर | टी-सीरीज |
रिलीज के तारीख |
|
लंबाई (समय) | 133 मिनट[2] |
देस | भारत |
भाषा | हिंदी |
बजट | 15 करोड़[3] |
बॉक्स ऑफिस | अनु॰ ₹3.90 करोड़[4] |
हिंदी मीडियम एक ठो भारतीय हिंदी फिलिम बाटे जवना के लेखक जीनत लखानी आ डाइरेक्टर साकेत चौधरी बा लोग। फिलिम में मुख्य भूमिका में इरफ़ान खान आ सबा क़मर बा लोग। ई फिलिम, एक ठो मलयालम फिलिम के रीमेक हवे जवन कि खुद एगो बंगाली फिलिम के रीमेक रहल।[5][6][7]
फिलिम पहिले 12 मई 2017 के रिलीज होखे वाली रहल[8] बाकी कुछ कारन से 19 मई 2017 के रिलीज भइल।[1]
कहानी
[संपादन करीं]फिलिम के कहानी एक ठो आम परिवार के ऊपर बा जेह में लड़िकन के महतारी-बाप लोग मेट्रो-शहर में बढ़ियाँ इस्कूल में दाखिला करवावे खातिर परेशान बा। ई ओह लोग खातिर आँख खोले वाला बा जे लोग सोचे ला कि अंग्रेजी भाषा में हर चीज में सफलता के चाभी छिपल बा।
समाज के अन्य पहलू भी देखावल गइल बा जहाँ गरीब आदमी आ ओकर बाल-बच्चा लोग अपने में मगन बा आ एक दुसरे के साथ सुख-दुःख साझा क के एक दुसरा के ख्याल रखत बा जबकि धनी परिवार के लड़िकन के खाली इहे सिखावल जाला कि ई बिचार गरीब लोग के साथ सहानुभूति देखावे ले सीमित बा।
फिलिम एह संदेस के साथ ख़त्म होले कि पढ़ाई आ शिक्षा के मूल मकसद बढ़ियाँ ब्यक्ति के निर्माण कइल हवे।
एक्टर कलाकार
[संपादन करीं]- इरफ़ान ख़ान
- सबा क़मर
- दीपक डोबरियाल
- स्वाती दास
- दिशिता सहगल
- दिलज़ाद हिवाले
- जसपाल शर्मा
- विजय कुमार डोगरा
- देवांश शर्मा (स्पेशल अपीयरेंस)
- रोहित टन्नन
- खुशबू शर्मा
रिलीज
[संपादन करीं]19 मई 2017 के ई फिलिम पूरा दुनिया में रिलीज भइल।[9]हिंदी मीडियम के गुजरात में 'टैक्स फ्री' कइल गइल आ साथे-साथ महाराष्ट्र में भी।[10][11]
बिबाद
[संपादन करीं]नंदिता रॉय आ शिबोप्रसाद मुखर्जी के 2014 में रिलीज भइल बंगाली फिलिम रामधनु के साथ एह फिलिम के बहुत समानता बाटे।[12]
साउंडट्रैक
[संपादन करीं]हिंदी मीडियम | ||||
---|---|---|---|---|
सचिन जिगर के साउंडट्रैक एल्बम | ||||
रिलीज भइल | 21 अप्रैल 2017 | |||
रिकार्ड भइल | 2016–2017 | |||
बिधा | साउंडट्रैक | |||
समय | 21:21 | |||
लेबल | टी-सीरीज | |||
सचिन जिगर के समयरेखा | ||||
| ||||
हिंदी मीडियम से सिंगल गाना सभ | ||||
|
फिलिम क संगीत सचिन-जिगर द्वारा दिहल गइल बा आ गीत लिखे के काम प्रिया सरैया आ कुमार के बा। अमर मोहिले एह में बैकग्राउंड स्कोर दिहले बाने। पूरा म्यूजिक के रिलीज 21 अप्रैल 2017 के भइल। पूरा फिलिम में पाँच गो गाना बाड़ें।[13] The music rights are acquired by T-Series.[14][8]
नं. | गाना के बोल | गीतकार | संगीत | गायक | समय |
---|---|---|---|---|---|
1. | "सुइट सुइट" | गुरु रंधावा, अर्जुन | गुरु रंधावा, रजत नागपाल | गुरु रंधावा, अर्जुन | 3:10 |
2. | "हूर" | प्रिया सरैया | सचिन-जिगर | आतिफ़ असलम | 3:57 |
3. | "ओह हो हो हो" | सुखबीर, एक्का | सचिन-जिगर | सुखबीर, एक्का | 4:04 |
4. | "एक जिंदड़ी" | कुमार | सचिन-जिगर | तनिष्का सांघवी | 4:31 |
5. | "फकीरी" | परंपरागत | नीरज आर्या' के कबीर कैफे | नीरज आर्या | 5:39 |
कुल समय: | 21:21 |
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 http://www.bollywoodhungama.com/movie/hindi-medium
- ↑ "Hindi Medium". British Board of Film Classification. Retrieved 12 May 2017.
- ↑ http://www.bollymoviereviewz.com/2017/05/hindi-medium-budget-box-office-opening.html
- ↑ http://www.bollywoodhungama.com/news/box-office-special-features/box-office-worldwide-collections-day-wise-breakup-hindi-medium/
- ↑ "Bengali film remakes make a comeback on national screens"
- ↑ "First Look: Irrfan Khan and Pakistani beauty Saba Qamar in ‘Hindi Medium’"
- ↑ "Hindi Medium Trailer: Irrfan and Saba Qamar take you for a ride; showcase a battle between Hindi and English". www.pinkvilla.com. Retrieved 2017-04-08.[मुर्दा कड़ी]
- ↑ 8.0 8.1 "Official Trailer: Hindi Medium | Irrfan Khan | Saba Qamar & Deepak Dobriyal | In Cinemas 12th May". T-Series. 6 April 2017. Retrieved 8 April 2017 – via YouTube.
- ↑ "Box office jigsaw: It's Irrfan's 'Hindi Medium' vs Arjun Kapoor's 'Half Girlfriend' now". mid-day.com. 3 May 2017. Retrieved 3 May 2017.
- ↑ "Irrfan Khan's Hindi Medium goes tax free in Maharashtra and Gujarat".
- ↑ Irrfan Khan’s Hindi Medium made tax-free in Maharashtra
- ↑ http://timesofindia.indiatimes.com/city/kolkata/tolly-trio-says-irrfan-starrer-copied-from-ramdhanu-may-move-court/articleshow/57902646.cms
- ↑ "Hindi Medium Movie Full Album (Audio Jukebox)". T-Series. Retrieved 21 April 2017 – via YouTube.
- ↑ "Hindi Medium (Original Motion Picture Soundtrack)". Sachin–Jigar. Retrieved 21 April 2017 – via iTunes.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]
ई लेख एगो फिलिम के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |