हाथ धोवल

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
हाथ धोवल
OCD handwash.jpg
साबुन आ पानी से हाथ धोवल

हाथ धोवल (अंगरेजी: Handwashing) एगो काज हऽ जेमे हाथ के साबुन आ पानी चाहे खाली पानी से साफ कईल जाला, जेकरा से वायरस, बैक्टीरिया चाहे हाथ के मइल हट जाला। हाथ सुखाइलो एकरे हिस्सा मानल जाला एहसे की भींजल हाथ बड़ी हाली दोबेरा लेटा सकेला।[1][2]

बिस्व स्वास्थ संगठन नाहीयो तऽ 20 सेकंड ले हाथ धोवे के सलाह देवेला। हई सभ काम करे के पहिले आ बादि मे हाथ धोवे के चाहीं:[3]

  • कोनो बेमरिया के सेवा करे से पहिले आ बादि मे
  • खायका पकावे से पहिले, पकावत बजी आ बादि मे
  • खाए से पहिले
  • टोइलेट के परयोग करे के बादि
  • नाक झड़ला, खोखला, छींकला के बादि
  • पसू सभ के छुवला के बादि
  • घूरा छुवला के बादि

जदि हाथ मे धुर गरदा नइखे तऽ पानी के बदल सैनिटाइजर के परजोग कइल जा सकेला।[4][5] जदि साबुन आ सैनिटाइजर दूनो नइखे तऽ हाथ के राख अउरी पानी से धोवल जा सकेला, बाकिर कोसिस होए के चाहीं जे साबुन चाहे सैनिटाइजर के परजोग कइल जाव।

साबुन से दिन मे बेरि बेरि हाथ धोवला से ढेर बेमारी से बाचल जा सकेला जइसे डाइरिआ आ कलेरा। एकरा से खोखी चाहे कोरोना बेमारी से भी बाचल जा सकेला।

सनर्भ[संपादन]

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named CDC2020Wash2
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Huang2012
  3. https://www.youtube.com/watch?v=3PmVJQUCm4E
  4. "Coronavirus Disease 2019 (COVID-19)". Centers for Disease Control and Prevention (English में). 11 February 2020.
  5. Centers for Disease Control (2 April 2020). "When and How to Wash Your Hands". cdc.gov (English में).