Jump to content

हवाई फोटोग्राफी

विकिपीडिया से
(हवाई फोटो से अनुप्रेषित)
हवाई फोटो, शहर के सीन, बीचा में ढंढार भइल इमारत के मलबा देखलात बाटे
अमेरिका में 11 सितंबर 2001 के हमला के बाद वल्ड ट्रेड सेंटर के खँडहर बन चुकल जगह के लिहल एगो हवाई फोटो। ई नोवा मिशन के सेसना जेट बिमान से करीब 1005 मीटर के ऊँचाई से घींचल फोटो हवे।

हवाई फोटोग्राफी (aerial photography) में कौनों हवाई जहाज चाहे दुसरे अइसने कौनों हवा में उड़े वाला चीज से नीचे के जमीन के फोटो खींचल जाला। अइसन उड़े वाला प्लेटफार्म कौनों हवाई जहाज (एयरक्राफ्ट) हो सके ला, हेलीकाप्टर, मनुष्य बिना हवाई बिमान (UAV) चाहे ड्रोन, गुब्बारा, राकेट, चाहे पैराशूट हो सके ला। इतिहास में कबूतर आ पतंगा तक पर कैमरा लगा के नीचे के जमीन के फोटो खींचे के उदाहरण मिले ला। कौनों गाड़ी पर किरान चाहे ऊंचाई ले चहुँपे वाला कौनों खम्हा नियर जोगाड़ लगा के ओहूजे से खींचल फोटो हवाई फोटो कहा सके ला। फोटो खींचे वाला कैमरा के चलावे के काम रिमोट से कइल जा सके ला चाहे ऑटोमेटिक सेट हो सके ला; हवाई जहाज से केहू आदमियो हाथ में कैमरा पकड़ के हवाई फोटो घींच सके ला।

हवाई फोटोग्राफी के "हवा-से-हवा में फोटोग्राफी" से अलगा बूझल जाए के चाहीं जेह में एगो हवाई जहाज दुसरे जहाज के पोंकिया के ओनाहना के तस्वीर घींचे लें।

हवाई फोटोग्राफी एगो बड़हन अध्ययन के क्षेत्र रिमोट सेंसिंग के हिस्सा हवे। ई एह बिधा के के एगो बहुत महत्व वाला अंग रहल हवे आ अब्बो बाटे हालाँकि, उपग्रह से लिहल तस्वीर, जिनहन के सैटलाइट इमेज कहल जाला, के आ गइले के बाद हवाई फोटो के महत्त्व आ इस्तेमाल कम भइल बाटे। हवाई फोटो के पढ़े आ ओकरा से जानकारी निकाले के बिधा के हवाई फोटो इंटरप्रेटेशन कहल जाला। एह फोटो सभ से नापजोख करे आ नक्शा बनावे के कला आ बिज्ञान के फोटोग्रामेट्री कहल जाला। एकदमसे सटीक परीभाषा बतावल जाय तब, हवाई फोटो सभ से कौनों किसिम के बिस्वसनीय आ सटीक क्वांटिटेटिव जानकारी (नाप-जोख चाहे मापन) हासिल करे के कला चाहे बिज्ञान फोटोग्रामेट्री हवे।[1]

हवाई फोटोग्राफी के इस्तेमाल लड़ाई में चाहे दुश्मन देस के इलाका के जासूसी करे में, कौनों इलाका के नक्शा बनावे में, खेती आ फसल सभ के जायजा लेवे में, शहर के प्लानिंग खाती जानकारी जुटावे में, आ अउरी बिबिध किसिम के बहुत सारा काम सभ में इस्तेमाल हो रहल बाटे।

Honoré Daumier, "Nadar élevant la Photographie à la hauteur de l'Art" (Nadar elevating Photography to Art), published in Le Boulevard, May 25, 1862
Aerial view by Cecil Shadbolt, showing Stonebridge Road, Stamford Hill, and Seven Sisters Curve, part of the Tottenham and Hampstead Junction Railway, taken from 2,000 फीट (610 मी) on 29 May 1882 – the earliest extant aerial photograph taken in the British Isles

सुरुआती

[संपादन करीं]

हवाई फोटोग्राफी के शुरुआत 1858 में फ्रांसीसी फोटोग्राफर आ गुब्बारा उड़ावे वाला गास्पार-फेलिक्स टुर्नाशों, जे “नादार” के नाँव से मशहूर रहलें, कइलें। ऊ गर्म-हवा के गुब्बारा से जुड़ल बास्केट में से, फ्रांस के पेरिस शहर के ऊपर से हवाई फोटो खींचले रहलें। हालाँकि, उनका द्वारा खींचल गइल फोटो अब उपलब्ध नइखे। एह कारण से आज बचल सभसे पुरान हवाई फोटो के नाँव “बोस्टन, जइसन गरुड़ आ जंगली हंस देखेला” (Boston, as the Eagle and the Wild Goose See It) ह। ई फोटो जेम्स वालेस ब्लैक आ सैमुअल आर्चर किंग 13 अक्टूबर 1860 के खींचले रहल लोग। एहमें बोस्टन शहर के 630 मीटर के ऊँचाई से देखावल गइल बा।

सेसिल शैडबोल्ट के खींचल गइल एगो हवाई दृश्य में स्टोनब्रिज रोड, स्टैमफोर्ड हिल आ सेवन सिस्टर्स कर्व देखाई देला। ई टॉटेनहम आ हैम्पस्टेड जंक्शन रेलवे के हिस्सा रहे। फोटो 29 मई 1882 के 2,000 फीट (610 मीटर) के ऊँचाई से खींचल गइल रहे। ई ब्रिटिश द्वीप समूह में आजो मौजूद सभसे पुरान हवाई फोटो ह।

पतंग से हवाई फोटोग्राफी के शुरुआत 1882 में ब्रिटिश मौसम विज्ञानी ई. डी. आर्चिबाल्ड कइलें। ओही साल सेसिल शैडबोल्ट गैस के गुब्बारा के टोकरी से फोटो खींचे के एगो तरीका विकसित कइलें। स्टैमफोर्ड हिल के ऊपर 2,000 फीट (610 मीटर) के ऊँचाई से खींचल गइल उनकर एगो फोटो ब्रिटिश द्वीप समूह में आजो मौजूद सभसे पुरान हवाई फोटो ह। फ्रांसीसी आर्थर बाट्यू 1888 में फोटोग्राफी खातिर पतंग के इस्तेमाल शुरू कइलें आ 1890 में एह तरीका पर एगो किताब लिखलें। सैमुअल फ्रैंकलिन कोडी अपना उन्नत “मैन-लिफ्टर वार काइट” के बिकास कइलें आ एकर क्षमता में ब्रिटिश वॉर ऑफिस के रुचि जगावे में सफल रहलें।

1908 में अल्बर्ट समामा चिकली गुब्बारा के इस्तेमाल करके हम्माम-लिफ आ ग्रोम्बालिया के बीच पहिला बेर हवाई दृश्य के चलचित्र बनवलें। 24 अप्रैल 1909 के रोम शहर के ऊपर हवा से भारी विमान पर लगावल गइल मोशन पिक्चर कैमरा के पहिला इस्तेमाल भइल। एहसे 3 मिनट 28 सेकंड के साइलेंट शार्ट फिलिम विल्बर राइट उंड ज़ाइने फ्लुगमाशिने (Wilbur Wright und seine Flugmaschine) बनल।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. ↑ Paine, David P.; Kiser, James D. (14 फरवरी 2012). Aerial Photography and Image Interpretation (अंग्रेजी में) (2 ed.). John Wiley & Sons. p. 1. ISBN 978-0-470-87938-2.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]

अउरी पढ़े खातिर

[संपादन करीं]