हलंत

विकिपीडिया से
हलंत
U+094D देवनागरी हलंत चीन्हा (HTML ्)

हलंत (संस्कृत: हलन्त) संस्कृत भाषा के ध्वनिशास्त्रीय (फोनोलॉजिकल) कॉन्सेप्ट ह जेह में व्यंजन वर्ण सभ के साथे अंतर्निहित रूप से सामिल स्वर वर्ण के लुकवा भा दबा दिहल जाला। ई यूनीकोड लिखाई में दू तरीका से लिखल जाला:

  1. हल् चीन्हा (विराम, हलंत के चीन्हा, भा हलंत नाँव से जानल जाला (फोटो में देखीं)) के नाँव से एगो डायक्रिटिक के रूप में; कई ब्राह्मी लिखाई (लिपि) सभ में जइसे कि देवनागरी आ बंगाली लिखाई में, चाहे
  2. संयुक्ताक्षर के रूप में जहाँ दू गो व्यंजन सटा के लिखल जालें जिनहन में संजुक्त रूप अलग चीन्हा के रूप में हो सके ला।

दक्खिन एशियाई मुख्यभूमि भाषा सभ के लिखाई इस्कीम में यूनीकोड द्वारा कुछ लिखाई सभ, जइसे कि बर्मी लिखाई आ तिब्बती लिखाई, आमतौर पर ऊपर बतावल दुनों फंक्शन सभ के एक्के साथे ना एकट्ठा करे लीं।