Jump to content

स्पाइडर-मैन: अक्रॉस द स्पाइडर वर्स

विकिपीडिया से
स्पाइडर-मैन: अक्रॉस द स्पाइडर वर्स
Spider-Man: Across the Spider-Verse
डाइरेक्टर
  • Joaquim Dos Santos
  • Kemp Powers
  • Justin K. Thompson
प्रोड्यूसर
  • Avi Arad
  • Amy Pascal
  • Phil Lord
  • Christopher Miller
  • Christina Steinberg
लेखक
  • Phil Lord and Christopher Miller
  • David Callaham
आधारमार्वल कॉमिक्स
कलाकार
  • Shameik Moore
  • Hailee Steinfeld
  • Brian Tyree Henry
  • Lauren Vélez
  • Jake Johnson
  • Jason Schwartzman
  • Issa Rae
  • Karan Soni
  • Daniel Kaluuya
  • Oscar Isaac
डिस्ट्रीब्यूटरSony Pictures Releasing
रिलीज के तारीख
  • मई 30, 2023 (2023-05-30) (Regency Village Theater)
  • जून 2, 2023 (2023-06-02) (अमेरिका)
लंबाई (समय)
140 मिनट[1]
देसअमेरिका
भाषाअंग्रेजी
बजट$100 मिलियन[2]

स्पाइडर-मैन: अक्रॉस द स्पाइडर वर्स (Spider-Man: Across the Spider-Verse; स्पाइडर-मैन: स्पाइडर-वर्स के पार) 2023 के अमेरिकी कंप्यूटर एनिमेटेड सुपरहीरो फिलिम हवे जेह में मार्वल कॉमिक्स के किरदार माइल्स मोरालेस / स्पाइडर-मैन के देखावल गइल बा, एकर निर्माण कोलंबिया पिक्चर्स आ सोनी पिक्चर्स एनीमेशन द्वारा मार्वल एंटरटेनमेंट के सहयोग से कइल गइल आ सोनी पिक्चर्स रिलीजिंग द्वारा बितरित कइल गइल बा।

सोनी 2018 में रिलीज होखे से पहिले इंटू द स्पाइडर-वर्स के सीक्वल बिकसित करे शुरू क दिहले रहल, लेखन आ डाइरेक्शन टीम भी एह में लाग गइल रहल। एकरा में मूर के माइल्स आ स्टीनफेल्ड के ग्वेन के रिश्ता पर फोकस कइल गइल रहे। एह सीक्वल के ऑफिशियल घोषणा नवंबर 2019 में भइल आ एनीमेशन के काम जून 2020 में शुरू भइल, जवना में पात्र लोग द्वारा घूमे वाला छह गो ब्रह्मांड सभ में से हर एक खातिर अलग-अलग बिजुअल स्टाइल बीछल गइल। 140 मिनट के रनटाइम वाली ई फिलिम, कौनों अमेरिकी स्टूडियो द्वारा निर्मित अबतक के सभसे लमहर एनिमेटेड फिलिम बन गइल बा।

एकर अगिली सीक्वल फिलिम स्पाइडर-मैन: बियांड द स्पाइडर वर्स मार्च 2024 में रिलीज होखे खातिर शेड्यूल कइल गइल बाटे।

  1. ↑ "Spider-Man: Across the Spider-Verse (PG)". British Board of Film Classification. Retrieved 28 May 2023.
  2. ↑ Couch, Aaron (May 25, 2023). "The Widening Web of Phil Lord and Chris Miller". The Hollywood Reporter. Archived from the original on May 25, 2023. Retrieved May 25, 2023.