Jump to content

सैंटा क्लॉज

विकिपीडिया से
सैंटा क्लॉज
Santa Claus portrayed by Jonathan Meath in 2010
Other namesSaint Nicholas
Saint Nick
Kris Kringle
Known forDelivering gifts to children at Christmas
SpouseMrs. Claus

सैंटा क्लॉज (अंग्रेजी: Santa Claus) जिनके फादर क्रिसमस आ सैंट निकोलस, चाहे खाली भर सैंटा के नाँव से जानल जाला, एगो कथा-कहानी में बर्णित ब्यक्ति हवें जे पच्छिमी ईसाई संस्कृति में बड़ा दिन (क्रिसमस) के तिहुआर पर गिफ्ट बाँटे वाला के रूप में बतावल जालें। एह कथा सभ के बिबरन के मोताबिक सैंटा उत्तरी ध्रुव (नॉर्थ पोल) पर रहे लें आ क्रिसमस के परी लोग खेलौना बनावे लीं जे ई क्रिसमस के ठीक एक दिन पहिले वाली रात में बाँटे लें। इनके सवारी रेंडियर सभ द्वारा खींचल जाए वाली स्लेज हवे जे आसमान में उड़े ले।

सैंटा के उज्जर दाढ़ी बाल वाला बूढ़ ब्यक्ति के रूप में देखावल जाला जे लाल रंग के कपड़ा पहिरे लें जेह में सफ़ेद फ़र लागल होखे ला। क्रिसमस मनावे में, कुछ जगहन प केहू ब्यक्ति एही बेसभूसा में सैंटा के रूप ध के लइकन के गिफ्ट बाँटे ला।