Jump to content

सुपा देउराली मंदिर

विकिपीडिया से
सुपा देउराली मंदिर
सुपादेउराली मन्दिर
Supa Deurali Temple
पैगोडा इस्टाइल में बनल बर्तमान मंदिर
सुपा देउराली मंदिर is located in Nepal
सुपा देउराली मंदिर
नेपाल में लोकेशन
भूगोल
भूगोलीय स्थिति27°54′01″N 83°08′01″E / 27.9002247°N 83.1336951°E / 27.9002247; 83.1336951निर्देशांक: 27°54′01″N 83°08′01″E / 27.9002247°N 83.1336951°E / 27.9002247; 83.1336951
देशनेपा
जिलाअर्घाखाँची जिला
क्षेत्रसंधिखर्क
संस्कृति
प्रमुख देवीभगवती

सुपा देउराली मंदिर नेपाल के अर्घाखाँची जिला के संधिखर्क नगरपालिका में एगो हिंदू मंदिर बाटे।[1] ई लगभग 4,500 फीट की ऊंचाई पर पड़े ला। एहिजा मंदिर में अस्थापित सुपदेवी के भक्तन के इच्छा पूरा करे ली अइसन मानल जाला।[2][3] देवी भगवती के अलावा, मंदिर में गणेश, महाकाली, महालक्ष्मी आ शिव के मूर्ती सभ बाड़ी स।[4] भक्त लोगन से मिलल दान के उपयोग दू गो स्थानीय इस्कूल चलावे खातिर कइल जाला।[5]

पौराणिक कथा[संपादन करीं]

पौराणिक कथा के अनुसार, बैसे-चाउबिसे युग में, खानचिकोट के राजकुमार आऊ बलरामपुर, भारत के राजकुमारी के बीच विवाह के फैसला कइल गइल रहे। शादी के दिन, दुलहिन के साथे अर्घाखांची लौटत समय, राह में लोगन के भोज-भात खियावे के योजना बन गइल। भोज क दौरान दुलहिन क जाति क बारे मँ लोग मँ झगड़ा भ गइल।

विवाद के बावजूद, दुल्हन के खानचिकोट के ओर ले जावल गइल। हालांकि दुल्हन के लेबे वाला पालकी से खून बहल शुरू हो गइल। जब लोग अंदर देखलन त दुलहिन आत्महत्या कर लिहले रहे। अगिला दिन से, गांव में लोग अज्ञात बीमारी से पीड़ित होखे लगलन। एगो झंक्रि (ओझा-सोखा) कहलन कि मृत राजकुमारी देवी के रूप में दिखाई देले बाड़ी आ पूजा करे के चाहीं। गाँव के लोग जहाँ खून आइल रहे ओहिजा जमा भइल आ ओह जगह के पूजा करे लागल।[5]

इतिहास[संपादन करीं]

ई मंदिर के निर्माण 1600 बिक्रम संवत में खानची के राजा बिस्वा पाल शाह द्वारा उनकर बेटी सुबर्ण कुमारी के नाम पर कइल गइल आ देवी भगवती के अस्थापना कइल गइल। देवी के रोज पूजा-प्रार्थना कइल जाला। अमौसा, श्री पंचमी, ऋषि पंचमी, कृष्ण जन्माष्टिमी, एकादशी, अक्षय तृतीया आ राम नवमी के छोड़ के बाकी दिन जानवर के बलि दिहल जा सके ला।[4]

रोजाना पूजा-पाठ 2040 बिक्रम संवत से शुरू भइल आ 2042 बिक्रम संवत में पगोडा के आकार में एगो नया भवन बनावल गइल।[5]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Bhusal, Rekha (2020), Impact Analysis of Supa Deurali Temple Tourism in Arghakhanchi, Department of Rural Development, retrieved 2024-03-29
  2. "GBIA". Retrieved 2024-03-29.
  3. "Supa Deurali Temple - Visits Nepal". 2021-05-08. Retrieved 2024-03-29.
  4. 4.0 4.1 "सुपा देउराली मन्दिर (फोटो फिचर)". GorakhaPatra. Retrieved 2024-03-29.
  5. 5.0 5.1 5.2 "सुपा देउराली". Retrieved 2024-03-29.