Jump to content

सुई (इंजेक्शन)

विकिपीडिया से

इंजेक्शन देवे वाली सुई, जेकरा मेडिकल में हाइपोडर्मिक सुई कहल जाला, एक किसिम के मेडिकल औजार हवे जेकर इस्तमाल सिरिंज के साथे कइल जाला आ शरीर में कौनों दवाई चाहे लिक्विड के इंजेक्ट करे के कामे आवे ला। अक्सरहा ई अइसन केस में इस्तेमाल कइल जाला जहाँ तुरंत दवाई के शरीर में परवेश करावे के होखे, दवाई अइसन होखे जे पचावल ना जा सकत होखे, मुँह से लिहल जाए पर उल्टी के चलते बाहर निकल जाए के शंका होखे, चाहे लीवर के दवाई से नोकसान होखे के खतरा होखे।