सुई

विकिपीडिया से
A sewing needle
सिलाई के सुई

सुई, सूई चाहे सिलाई के सुई, जेकर इस्तेमाल हाथ से सिलाई खातिर होला, एगो लमछर पातर औजार हवे जेकर एक छोर पर नोक होला आ सिलाई के धागा के पकड़े खातिर छेद (चाहे आँख) होला। सबसे पुराना ज़माना के सुई हड्डी भा लकड़ी से बनल रहें स; आधुनिक सुई सभ के अब हाई कार्बन वाला स्टील के तार से बनावल जाला आ मुरचा लागे से रोके खातिर निकल- या 18K सोना-प्लेटेड होला। हाई क्वालिटी वाली कढ़ाई के सुई पर दू तिहाई प्लैटिनम आ एक तिहाई टाइटेनियम मिलल धातु के परत (मोलम्मा) चढ़ावल जाला। परंपरागत रूप से सुई के सुई-होल्डर भा सुई के अलमारी में रखल गइल बा जे सजावट के चीज बन गइल बा। सिलाई के सुई के étui में भी रखल जा सके ला, ई एगो छोट डिब्बा हवे जेह में सुई आ अउरी चीज जइसे कि कैंची, पेंसिल आ चिमटी रखल जा सके ला।