सिस्टम

विकिपीडिया से

सिस्टम (System) आपस में संबंधित आ क्रिया-प्रतिक्रिया करे वाला अंग भा तत्व (entities or elements) सभ के समूह होला जे अपने-आप में एगो सोलहग चीज (unified whole) होला। सिस्टम सभ के जगह आ समय पर निर्भर सीमा भा क्षेत्र होला, खास किसिम के बनावट (स्ट्रक्चर) होला आ इनहन के खास किसिम के फंक्शन होला। सिस्टम सभ के अध्ययन सिस्टम थियरी में कइल जाला।

सिस्टम थियरी पूरा दुनिया के हर चीज के बड़-छोट टुकड़ा भा पार्ट में बाँट के देखे ले जे सभ आपस में जटिल रूप में एक दुसरे से संबंधित होलें आ क्रिया-प्रतिक्रिया करे लें। एह तरीका से कौनों एगो सिस्टम के भीतर ओकरे पार्ट भा हिस्सा के रूप में कइयन गो छोट-छोट सिस्टम हो सके लें जिनहन के बड़का सिस्टम के उपसिस्टम भा सबसिस्टम (subsystems) कहल जाला।

सिस्टम प्राकृतिक हो सके लें आ मनुष्य के बनावल भी हो सके लें।

कौनों सिस्टम जे बाहरी दसा में काम करे ला ऊ दसा सभ ओह सिस्टम के पर्यावरण के रूप में परिभाषित कइल जाला।