सिक्योरिटी (फाइनेंस)

विकिपीडिया से
डच ईस्ट इंडिया कंपनी के एगो बांड (1622)

सिक्योरिटी कौनों फाइनेंशियल एसेट होला जेकर ट्रेड (खारीद-बिकवाली) कइल जा सके। आमतौर प ई टर्म कौनहू किसिम के फाइनेंशियल इंस्ट्रूमेंट खातिर इस्तेमाल होला, हालाँकि एकर कानूनी परिभाषा अलग-अलग जगह-देस में अलग-अलग हो सके ले। कुछ क्षेत्राधिकार (ज्यूरिदिक्शन) सभ में इक्विटी आ फिक्स इनकम वाला इंस्ट्रूमेंट सभ के अलावा अउरी कवनों किसिम के इंस्ट्रूमेंट के सिक्योरिटी ना मानल जाला।

पुराना समय में अइसन सिक्योरिटी बहुधा कागज पर छपल आ उचित तरीका से प्रमाणित चीज होखे। हालाँकि अब डिजिटल रूप से 'बुक एंट्री' वाला रूप चलन में बाड़ें - ई रूप डीमैटेरियलाइज्ड रूप कहाला।