सामाजिक मनोबिज्ञान

विकिपीडिया से

सामाजिक मनोबिज्ञान (अंग्रेजी: social psychology, सोशल साइकोलॉजी ) एह बात क बैज्ञानिक अध्ययन हवे कि कइसे बिचार, भावना आ बेहवार पर दुसरे (ब्यक्ति/लोग) के वास्तविक, कल्पित भा निहित मौजूदगी के परभाव पड़े ला।सामाजिक मनोबिज्ञानी लोग आमतौर पर मानव व्यवहार के मानसिक स्थिति आ सामाजिक स्थिति सभ के बीच के संबंध के परिणाम के रूप में बतावे ला, सामाजिक स्थिति सभ के अध्ययन करे ला जेह में बिचार, भावना आ बेहवार होखे लें आ ई चर सामाजिक परस्पर क्रिया सभ के कइसे प्रभावित करे लें। एह तरीका से, ई मनोबिज्ञान के एगो महत्वपूर्ण शाखा हवे।