सस्टेनेबल टूरिज्म

विकिपीडिया से

सस्टेनेबल टूरिज्म (अंग्रेजी: sustainable tourism) एगो अइसन कांसेप्ट हवे जेह में टूरिज्म (पर्यटन) के पूरा अनुभव सामिल बा, जवना में आर्थिक, सामाजिक आ पर्यावरणीय मुद्दा सभ के चिंता के साथे-साथ पर्यटक लोग के अनुभव में सुधार आ मेजबान समुदाय सभ के जरूरत के पूरा करे पर धियान भी सामिल बा। सस्टेनेबल पर्यटन में पर्यावरण संरक्षण, सामाजिक समानता आ जीवन के गुणवत्ता, सांस्कृतिक बिबिधता आ सभका खातिर रोजगार आ समृद्धि देवे वाली गतिशील, व्यवहार्य अर्थब्यवस्था के चिंता के अपनावे के मकसद ले के चलल जाला। एकर मूल 'सस्टेनेबल बिकास' में बाटे आ कई बेर भ्रम हो सके ला कि "सस्टेनेबल पर्यटन" के मतलब का होला। अब एह बात पर पूरा दुनियाँ में व्यापक सहमति बा कि पर्यटन के सस्टेनेबल होखे के चाहीं।

असल में, पर्यटन के सभ रूप सबन में सस्टेनेबल होखे के क्षमता होला अगर एकर योजना, बिकास आ सही तरीका से मैनेजमेंट कइल जाय। पर्यटन बिकास के संगठन सभ पर्यटन के बढ़त परभाव के कारण होखे वाला नकारात्मक परभाव सभ के कम करे खातिर सस्टेनेबल पर्यटन के प्रैक्टिस सभ के बढ़ावा दे रहल बाड़ें, उदाहरण खातिर पर्यटन के पर्यावरणीय परभाव एक एगो प्रमुख चीज बा।