सवेरा होटल

विकिपीडिया से

सवेरा एगो 11 मंजिल क 4 सितारा होटल ह जवन की मैलापोर, चेन्नई में आइल बा।[1] एकर दुगो इकाई बा जेमें से एगो वालनट होटल नांव से हैदराबाद में और दूसरा लोटस पार्क नांव से बंगलौर में बा।

इतिहास[संपादन करीं]

इ होटल 1965 में एगो साझेदारी फर्म की तौर प शुरू भइल रहे, एके शुरू करे वाला प्रमुख व्यक्ति ए. वेंकटाकृष्ण रेड्डी, एम्. रामाराघव रेड्डी और ए. श्यामसुन्दर रेड्डी रहे लो, इ लोग रियल एस्टेट में एगो लम्बा अनुभव की बाद मैलापोर जवन की शहर में एगो प्रमुख इलाका रहे, ओइजा 5000 वर्ग मीटर जमीन लेके 20 कमरा और एगो रेस्तरां बनावल लो। 1969 में इ प्रमोटर्स लोग सवेरा होटल्स प्राइवेट लिमिटेड नांव से एगो कंपनी खोलल लो, एकरी बाद इ कम्पनी असल होटल की आसपास 4684 वर्ग मीटर क जमीन अधिग्रहित कईलस। 1972 में कम्पनी काम शुरू कईलस, 125 गो नया कमरा जुड़ल और असल 20 कमरा के कांफ्रेंस रूम और ऑफिस में रूपांतरण करा गइल। कईगो जरुरी चीज जैसे की स्विमिंग पूल पहिलहीं से बनल रहे, इ ओ समय की हिसाब से शहर की होटल उद्योग में एगो असामान्य विचार रहे । 1975 में मीनार, ख़ास मोगलई व्यंजन परोसे वाला रेस्तरां खुलल।

1978 में, पल्लवी थिएटर, ऑडियो-विसुअल और 35 मिमी प्रोजेक्टर वाला ऑडीटोरियम बनल। 1982 में होटल की कुल 125 कमरा में सीसीटीवी लागल। बाद में 1991 में पल्लवी थिएटर क कॉन्फ्रेंस रूम में रुपान्तरण करा गइल। 1992 में स्वीट टच नांव से एगो पेस्ट्री शॉप शुरू भइल। साझेदारी फर्म और कम्पनी साथे साथे 1985 ले चलल, ओकरी बाद साझेदारी भंग हो गइल और सवेरा एंटरप्राइजेज लिमिटेड एकर सब सम्पति अधिग्रहित क लिहलस। 2007 में कम्पनी आपन नांव सवेरा होटल्स लिमिटेड से सवेरा इंडस्ट्रीज लिमिटेड क लिहलस।[2]

होटल[संपादन करीं]

ए होटल में 7गो खईले पियले क स्थल बा, कई प्रकार क भोजन परोसे वाला ए कुल रेस्तरां क नांव ह द पियानो, एगो दक्षिण भारतीय रेस्तरां जेकर नांव मालगुडी ह, करी टाउन, बे 146, ब्रेव रूम और केक शॉप नांव से बेकरी। ए होटल में 10गो मीटिंग स्थल बा।[3]

ए होटल क एगो कॉर्पोरेट सोशल रेस्पोंसिबिलिटी इकाई बा जेकर नांव ह सवेरा होटल एकेडमी जवन की छात्र लोगन के होस्पिटलिटी उद्योग में करियर बनावे खातिर मार्गदर्शन देला।

घटना[संपादन करीं]

31 दिसम्बर 2007 के, नया साल की समारोह खातिर एइजा स्विमिंग पुल की ऊपर एगो अस्थायी फर्श बनावल गइल रहे ऊ गिर गइल जेसे 3 आदमी क मृत्यु हो गइल और 2 जानें घायल हो गईने।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "सवेरा होटल के बारे में". सवेराहोटल.कॉम. Archived from the original on 2016-03-22.
  2. "सवेरा इंडस्ट्रीज लिमिटेड - कंपनी का इतिहास". इकनोमिकटाइम्स.इंडियाटाइम्स.कॉम.
  3. "सवेरा होटल की विशेषताएं". क्लिरट्रिप.कॉम.
  4. "चेन्नई होटल चरण पतन: दो और घायल". आर्काइव.इंडियनएक्सप्रेस.कॉम.