सरस्वती सुपरक्लस्टर

विकिपीडिया से
सरस्वती सुपरक्लस्टर
Observation data (Epoch )
Constellation(s)मीन
Distance
(co-moving)
200 मेगापारसेक (652 मेगाप्रकाशवर्ष)
Binding mass4×1015M⊙ may M
See also: Galaxy groups, Galaxy clusters, List of superclusters

सरस्वती सुपरक्लस्टर एगो बहुते बिसाल आकार के गैलेक्सी सुपरक्लस्टर बा। आकास के नक्सानवीसी करे खातिर बनावल गइल रिफरेन्स सिस्टम स्लोन सर्वे के पट्टी नं. 82 में मौजूद ई सुपरक्लस्टर मीन नक्षत्र मंडल के दिसा में पड़े ला।[1][2] एकर खोज भारतीय बैज्ञानिक लोग कइल आ हिंदू देवी सरस्वती के नाँव पर एकर नामकरण कइल।[3]

एह सुपरक्लस्टर में बहुतन गो गैलेक्सी आ गैलेक्सी क्लस्टर बाने आ इनहन से मिल के एह में गैलेक्सी सभ के देवाल नियर बनावट मौजूद बा। एह सुपरक्लस्टर के बिस्तार लगभग 6 अरब प्रकाश वर्ष (600 मिलियन प्रवर्ष या 200 मेगापारसेक) आ एह में कम से कम 43 गो बिसाल-बिसाल गैलेक्सी क्लस्टर मौजूद बाने। ई पृथ्वी से 4,000 मिलियन प्रकाश वर्ष के दूरी पर स्थित बाटे।[4]

खोज[संपादन करीं]

सरस्वती सुपरक्लस्टर के खोज पुणे शहर में मौजूद इंटर-यूनिवर्सिटी सेंटर फॉर एस्ट्रोनामी एंड एस्ट्रोफिजिक्सइंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ साइंस एजुकेशन एंड रिसर्च के टीम द्वारा फरवरी 2016 खोजल गइल। एह टीम में भारतीय बैज्ञानिक सोमक रायचौधुरी भी सामिल रहलें।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Bagchi, Joydeep; Sankhyayan, Shishir; Sarkar, Prakash; Raychaudhury, Somak; Jacob, Joe; Dabhade, Pratik (2017). "Saraswati: An Extremely Massive ~ 200 Megaparsec Scale Supercluster". {{cite arxiv}}: |arxiv= required (help)
  2. "Discovered Saraswati, one of the largest structures in the universe" (स्पैनिश में). El País. 14 जुलाई 2017. Retrieved 14 जुलाई 2017.
  3. "भारतीय वैज्ञानिकों ने खोजी आकाशगंगा 'सरस्वती' - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2017-07-15.
  4. “Saraswati”- one of the most massive large-scale structures in the Universe discovered