Jump to content

श्रुति हासन

विकिपीडिया से
श्रुति हासन
Born
श्रुति हासन

(1986-01-28) 28 जनवरी 1986 (उमिर 38)[1]
Nationalityभारतीय
Occupations
  • ऐक्ट्रेस
  • गायिका
Years active2000–present
Parentsकमल हासन
सारिका ठाकुर
Relativesअक्षरा हसन (छोट बहिन)

श्रुति हासन एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस आ प्लेबैक सिंगर बाड़ी। श्रुति हासन के तेलुगु सिनेमा, तमिल सिनेमा आ हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर जानल जाला। हासन परिवार में जनमल ऊ अभिनेता-फिल्म निर्माता कमल हासन आ अभिनेत्री सारिका ठाकुर के बेटी हई।

बाल कलाकार के रूप में ऊ फिलिमन में गीत गावत रहली आ हिंदी फिलिम लक (2009) से अभिनय के शुरुआत करे से पहिले अपना पिता के निर्देशन हे राम (2000) में मेहमान भूमिका कइली बाकी 2011 में तेलुगु फिलिम ओह माई फ्रेंडअनागनागा ओ धीरुडू से आ तमिल साइंस फिक्शन एक्शनर 7aum Arivu से इनका के मान्यता मिलल। हासन दक्खिन भारतीय सिनेमा में सफल तेलुगु फिलिम गब्बर सिंह (2012), बालुपु (2013), येवडू (2014), रेस गुरम (2014), श्रीमंथुडू (2015), प्रेमम (2016), क्राक (2021), वकील साब (2021) के साथ स्थापित भइली आ तमिल फिलिम वेदलम (2015) आ सी3 (2017) इनके फिलिम बाड़ी स। इनके हिंदी फिलिम सभ में डी-डे (2013), रमैया वस्तावैया (2013), गब्बर इज बैक (2015) आ वेलकम बैक (2015) सामिल बाड़ी स।

  1. "Shruti celebrates birthday with family; dad Kamal Haasan tweets a picture from her party". 28 जनवरी 2016. Retrieved 26 December 2016.
  2. "Shruti Haasan buys house in Mumbai"

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]