व्याकरण (वेदांग)

विकिपीडिया से

व्याकरण प्राचीन भारतीय बिद्या सभ में से एक हवे जे वेद सभ के अध्ययन के खातिर छह गो वेदांग सभ में एक हवे। एकरा के वेदांग के मुख मानल गइल हवे जे एकरे महत्व के बुझे खाती काफी बा। एही से बाद में संस्कृत भाषा सभ आ कई आधुनिक भारतीय भाषा सभ के व्याकरण के बिकास भइल हवे। व्याकरण के प्रसिद्ध बिद्वान पाणिनि रहलें जिनके रचना एह बिधा के सभसे पुरान ग्रंथ हवे जे उपलब्ध बा; हालाँकि, उहो अपना से पहिले के वैयाकरण लोग के जिकिर अपना रचना में कइले बाने।