Jump to content

वैष्णो देवी मंदिर

विकिपीडिया से
वैष्णो देवी मंदिर
त्रिकुटा पहाड़ी पर मंदिर के सीन
वैष्णो देवी मंदिर के लोकेशन Jammu and Kashmir में
वैष्णो देवी मंदिर
जम्मू-काश्मीर में लोकेशन
वैष्णो देवी मंदिर के लोकेशन India में
वैष्णो देवी मंदिर
वैष्णो देवी मंदिर (India)
बेसिक जानकारी
लोकेशनकटरा, जम्मू-काश्मीर
अक्षांस-देशांतर33°01′48″N 74°56′54″E / 33.0299°N 74.9482°E / 33.0299; 74.9482निर्देशांक: 33°01′48″N 74°56′54″E / 33.0299°N 74.9482°E / 33.0299; 74.9482
धर्म/मतHinduism
देवतावैष्णो देवी
तिहुआरनवरातर, दिवाली, नया साल
Districtरियासी
राज्य Jammu and Kashmir
देस भारत
शासी संस्थाश्री माता वैष्णो देवी श्राइन बोर्ड
वेबसाइटmaavaishnodevi.org
Architectural description
आर्किटेक्चर प्रकारगुफा में मंदिर
पूरा भइल0028 विक्रम संवत
बिसेस लच्छन
मंदिर सभ4
ऊँचाई1,584.96 मी (5,200 फीट)

वैष्णो देवी मंदिर, जेकरा के श्री माता वैष्णो देवी मंदिर चाहे वैष्णो देवी भवन नाँव से भी जानल जाला, भारत के कटरा (जिला रियासी, जम्मू-कश्मीर) में स्थित एगो प्रसिद्ध हिंदू मंदिर हवे। ई मंदिर वैष्णो देवी के समर्पित बा, जे देवी हिंदू लोगन के मान्यता अनुसार महाकाली, महालक्ष्मी आ महासरस्वती के संयुक्त रूप मानी जाली।

ई मंदिर त्रिकुटा पर्वत पर लगभग 5,200 फीट (1,500 मीटर) के ऊँचाई पर बाटे। ई जम्मू शहर से करीब 43 किमी आ जिला मुख्यालय रियासी कस्बा से करीब 29 किमी दूर बा। मंदिर के देखरेख आ संचालन श्री माता वैष्णो देवी श्राइन बोर्ड द्वारा कइल जाला, आ 1986 से जम्मू-कश्मीर के राज्यपाल एह बोर्ड के अध्यक्ष होखे लें। ई भारत के सबसे पॉपुलर तीरथ सब में से हवे, जहाँ हर साल लाखन के गिनती में श्रद्धालु दर्शन करे आवेलें। एगो आँकड़ा के हिसाब से 2023 में करीब 95.2 लाख तीर्थयात्री एह मंदिर में आइल रहलें।