वैलेंटाइन्स डे

विकिपीडिया से
वैलेंटाइन डे
Valentine's Day
Antique Valentine 1909 01.jpg
पुराना जमाना के वैलेंटाइन कार्ड
अन्य नाँवSaint Valentine's Day or the Feast of Saint Valentine
मनावे वालाबहुत सारा देस सभ में;
Anglican Communion (see calendar)
Lutheran Church (see calendar)
प्रकारईसाई, सांस्कृतिक, कारोबारी
महत्त्वसंत वैलेंटाइन के फीस्ट डे; प्रेम के इजहार
Observancesग्रीटिंग कार्ड भेजल, गिफ्ट भेजल, फूल आ चाकलेट, चर्च में उत्सव
समय
केतना बेरसालाना
Valentines Day Chocolates from 2005.jpg
Rozen.jpg

वैलेंटाइन्स डे भा संत वैलेंटाइन्स डे एगो प्रमुख सांस्कृतिक आ कारोबारी तिहुआर बाटे जवन हर साल ग्रेगरी कलेंडर के हिसाब से 14 फरवरी के मनावल जाला भले एह दिन कौनो देस में सरकारी छुट्टी ना होखे ले। ई पच्छिमी संस्कृति के तिहुआर, जवन अब पुरा दुनिया के बहुत सारा देसवन में फइल चुकल बाटे, एगो प्राचीन संत वैलेंटाइन के यादगार में आ प्रेम जाहिर करे वाला दिन के रूप में मनावल जाला।

एकरा साथे कई तरह के कथा बाद में जुड़त चल गइल आ एगो कथा के मोताबिक संत वैलेंटाइन अइसन सिपाही लोग के बियाह करवावे खातिर जेल में भेजल गइल रहलें जिनहन लोग के बियाह करे पर रोमन साम्राज्य में प्रतिबन्ध रहे। जेल में ऊ जेलर के बेटी के बेमारी ठीक कइलें आ जेल से बिदा होत घरी "तोहार वैलेंटाइन" लिख के बिदा भइलें।

रूमानी प्यार के साथ एह कहनी के जुड़ाव चउदहवीं सदी में इंग्लैंड में ज्योफ्री चौसर के समय भइल। बाद में ई अठारहवीं सदी आवत-आवत एगो अइसन दिन के रूप में मनावल जाये लागल जहिया प्रेमी-प्रेमिका लोग एक दुसरा के फूल, चाकलेट आ ग्रीटींग कार्ड डे के आपन प्यार के इजहार करे लागल।

संदर्भ[संपादन करीं]