वेंटिलेटर

विकिपीडिया से

वेंटिलेटर चाहे मैकेनिकल वेंटिलेटर एगो मशीन होला जे मशीनी साँस देवे के कामे आवे ला जब कौनो मरीज अपने से साँस ले पावे में अक्षम होखे चाहे अपने आप पूरा जिंदा रहे भर के साँस ना ले पावत हो सके। एह मशीन के काम होला साँस लेवे लायक हवा के मरीज के फेफड़ा ले चहुँपावल आ साँस बाहर निकालल। आजकाल के वेंटिलेटर कंप्यूटर आ माइक्रोप्रोसेसर आधारित होलें हालाँकि, ई काम हाथ से चलावल जा सके वाला बेसिक जुगति से भी हो सके ला जेह में बैग-वाल्व मास्क लागल होला। आमतौर पर वेंटिलेटर के इस्तेमाल इंटेंसिव केयर, होम केयर, इमरजेंसी इलाज आ बेहोशी करावत समय (एनेस्थीसिया दिहले के दौरान) होखे ला।

पहिले एकरा के रेस्पीरेटर कहल जाय आ अबो कुछ जगह ई नाँव इस्तमाल होला बाकी मेडिकल के भाषा में अब रेस्पिरेटर बस एगो खास किसिम के सुरक्षा मास्क के कहल जाला।