ज्ञानकोश

विकिपीडिया से
(विश्वज्ञानकोष से अनुप्रेषित)
एगो एन्साइक्लोपीडिया के लाइब्रेरी में सजल खंड सभ।

ज्ञानकोश भा एन्साइक्लोपीडिया संदर्भ देवे/खोजे में इस्तमाल होखे वाला रचना हवे जेह में तथ्यात्मक जानकारी के एकट्ठा क के लेख के रूप में प्रस्तुत कइल गइल होला। ई दुनिया के हर तरह के ज्ञान से संबंधित बिसय सभ पर भी हो सके ला आ कौनों खास अध्ययन बिसय के ऊपर भी, जइसे भूगोल के ज्ञानकोश में खाली भूगोल से संबंधित बिसय पर तथ्यात्मक लेख मौजूद होखीहें। ई किताब भा कई खंड में किताबन के संकलन के रूप में हो सके ला - जइसे ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया के छपल संस्करण, सीडी में आवे वाला हो सकेला - जइसे एन्कार्टा, या फिर इंटरनेट आधारित ऑनलाइन संस्करण हो सकेला - जइसे कि विकिपीडिया

संछेप में, ज्ञानकोश मानवीय ज्ञान से सगरी शाखा पर या कौनों एक ठो शाखा से जानकारी के सारगर्भित संकलन से बनल एक ठो संदर्भ रचना होला।[1] आमतौर पर एह में लेख (या एंट्री) सभ अच्छर क्रम से सजावल गइल होलें।[2]

हर टॉपिक डिक्शनरी के परिभाषा से पर्याप्त बड़ होला, काहें कि डिक्शनरी (शब्दकोश) में शब्दन के भाषाई अरथ आ इस्तमाल समझावल गइल होला, जबकि ज्ञानकोश के एंट्री तथ्यात्मक जानकारी देवे खातिर होला।[3][4][5][6]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Encyclopedia". Archived from the original on अगस्त 3, 2007. Glossary of Library Terms. Riverside City College, Digital Library/Learning Resource Center. Retrieved on: November 17, 2007.
  2. Hartmann, R. R. K.; James, Gregory; James, Gregory (1998). Dictionary of Lexicography. Routledge. p. 48. ISBN 0-415-14143-5. Retrieved जुलाई 27, 2010.
  3. Béjoint, Henri (2000). Modern Lexicography, pp. 30–31. Oxford University Press. ISBN 0-19-829951-6
  4. "Encyclopaedia". Encyclopædia Britannica. Retrieved जुलाई 27, 2010. An English lexicographer, H.W. Fowler, wrote in the preface to the first edition (1911) of The Concise Oxford Dictionary of Current English language that a dictionary is concerned with the uses of words and phrases and with giving information about the things for which they stand only so far as current use of the words depends upon knowledge of those things. The emphasis in an encyclopedia is much more on the nature of the things for which the words and phrases stand.
  5. Hartmann, R. R. K.; Gregory, James (1998). Dictionary of Lexicography. Routledge. p. 49. ISBN 0-415-14143-5. Retrieved जुलाई 27, 2010. In contrast with linguistic information, encyclopedia material is more concerned with the description of objective realities than the words or phrases that refer to them. In practice, however, there is no hard and fast boundary between factual and lexical knowledge.
  6. Cowie, Anthony Paul (2009). The Oxford History of English Lexicography, Volume I. Oxford University Press. p. 22. ISBN 0-415-14143-5. Retrieved अगस्त 17, 2010. An 'encyclopedia' (encyclopaedia) usually gives more information than a dictionary; it explains not only the words but also the things and concepts referred to by the words.