विश्वकर्मा
Appearance
| विश्वकर्मा (बिसकरमा बाबा) | |
|---|---|
| देवलोक के आर्किटेक्ट[1] | |
विश्वकर्मा के एगो चित्र निरूपण | |
| संबंधित बाड़े | देव |
| धाम | विश्वकर्मा लोक |
| मंत्र | ॐ विश्वकर्मणे नमः |
| हथियार | तरजूई, कमंडल, किताब, हथौड़ी आ छिन्नी |
| सवारी | |
| Personal information | |
| Consort | गृताची चाहे गायत्री, भा तीन गो देवी लोग: रति, प्राप्ति आ नंदि |
| संतान | संजना, विश्वरूपा, बर्हिस्मती, चित्रांगद, नल |
विश्वकर्मा भा विश्वकर्मण ('सब निर्माता'), चाहे आम बोलचाल में बिसकरमा एगो कारीगर देवता हवें आ समकालीन हिंदू धर्म में देवता लोगन के दिव्य शिल्पकार (आर्किटेक्ट) हवें। सुरुआती ग्रंथ सभ में कारीगर देवता के त्वस्तार के नाँव से जानल जाय आ मूल रूप से "विश्वकर्म" शब्द के इस्तेमाल कौनों भी शक्तिशाली देवता खातिर उपनाम के रूप में कइल जाय। हालाँकि, बाद के कई गो परंपरा सभ में विश्वकर्मा के नाँव कारीगर देवता के भ गइल।
परंपरा अनुसार बिसकरमा पुजा भा बिसकरमा जयंती के रूप में इनके जनम दिन हर साल भारत आ नेपाल में 17 सितंबर के मनावल जाला जहिया सुरुज हिंदू कलेंडर के निरयन सिस्टम के हिसाब से कन्या राशि में प्रवेश करे लें।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |