विराट कोहली
![]() Kohli in 2023 | |
Personal information | |
---|---|
Born | Delhi, India | 5 नवंबर 1988
Nickname | Cheeku [नोट 1] King Kohli [2] Chase Master [3] Run Machine |
Height | 5 फीट 9 इंच (175 सेमी)[4] |
Batting | Right-handed |
Bowling | Right-arm medium |
Role | Top-order batter |
Relations | Anushka Sharma (बि. 2017) |
Website | VK Foundation module = |
Signature | |
![]() |
विराट कोहली (जनम: 5 नवंबर 1988) एक ठो भारतीय अंतरराष्ट्रीय क्रिकेटर बाड़ें, जे भारत के राष्ट्रीय टीम खातिर टेस्ट आ वनडे क्रिकेट खेलेलन। ऊ पहिले भारत के तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे, आ टी20) में कप्तानी क चुकल बाड़ें। विराट कोहली दाहिना हाथ से बल्लेबाजी करेलें आ कभी-कभार मीडियम पेस वाली गेंदबाजियो करे लें। उनका "किंग कोहली", "चेस मास्टर" आ "रन मशीन" के नाम से जानल जाला, काहेकि ऊ कठिन हालात में टीम के जीत दिलावे के कला में माहिर बाड़ें। कोहली इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के इतिहास में सबसे ज्यादा रन बनावे वाला खिलाड़ी बाड़ें, आ टी20 अंतरराष्ट्रीय, वनडे आ कुल अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में भी रन बनावे के मामले में ऊ तीसरे नंबर पर बाड़ें।
विराट कोहली के गिनती दुनिया के महानतम बल्लेबाजन में होला। ऊ वनडे क्रिकेट में सबसे ज्यादा शतक बनवले बाड़ें आ इंटरनेशनल क्रिकेट में शतकन के मामिला में दुसरा स्थान पर बाड़ें। कोहली के कप्तानी में भारत लगातार तीन साल (2017, 2018, 2019) ICC टेस्ट चैंपियनशिप जितले रहे, जेकरा चलते ऊ भारत के अब तक के सबसे सफल टेस्ट कप्तानन में से एक मानल जालें। ऊ 2008 में अंडर-19 वर्ल्ड कप जितवले, आ 2011 के वनडे वर्ल्ड कप, 2013 के चैंपियंस ट्रॉफी, 2024 के टी-20 वर्ल्ड कप, आ 2025 के चैंपियंस ट्रॉफी विजेता टीम के हिस्सा रहलें।
विराट कोहली के शानदार प्रदर्शन खातिर कई गो राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय सम्मान मिल चुकल बा। ऊ अब तक कुल 10 बार ICC अवार्ड जीत चुकल बाड़ें, जे इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे बेसी बेर बा। ऊ चार बेर ODI प्लेयर ऑफ द ईयर बन चुकल बाड़ें (2012, 2017, 2018, 2023), आ 2017 आ 2018 में Sir Garfield Sobers ट्रॉफी (क्रिकेटर ऑफ द ईयर) भी जीतले रहलें। 2018 में ऊ तीनों प्रमुख पुरस्कार – टेस्ट, ODI आ क्रिकेटर ऑफ द ईयर – एके साल में जीत के इतिहास बना देले। उनकर नाम "क्रिकेटर ऑफ द डिकेड" (2011–2020) आ "ODI क्रिकेटर ऑफ द डिकेड" के रूप में भी घोषित भइल। ऊ विज़्डेन के 'लीडिंग क्रिकेटर इन द वर्ल्ड' खिताब लगातार तीन साल (2016 से 2018) जीतले रहलें।
भारत सरकार विराट कोहली के योगदान खातिर 2013 में अर्जुन पुरस्कार, 2017 में पद्म श्री, आ 2018 में खेल रत्न से सम्मानित कइले। 2018 में Time Magazine ऊनका के दुनिया के 100 सबसे प्रभावशाली लोगन में शामिल कइलस। 2024 के टी-20 वर्ल्ड कप जीतला के बाद, फाइनल में प्लेयर ऑफ द मैच बनला के बाद, ऊ टी-20 अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास के घोषणा कइले। विराट कोहली के शादी बॉलीवुड एक्ट्रेस अनुष्का शर्मा से भइल बा आ उनका दू गो संतान बा।
नोट
[संपादन करीं]- ↑ During a certain phase in his career, Kohli acquired the moniker Cheeku. One evening, Kohli availed himself of the services of a nearby salon and underwent a makeover. Upon displaying his new appearance to his colleagues, Kohli's assistant coach, Ajit Chowdhary, made a humorous comparison between Kohli's appearance and that of "Chikoo," a character from the popular Indian comic book, Champak.[1]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>
tag; no text was provided for refs named:2
- ↑ One Cricket (21 February 2024). "Why Is Virat Kohli Called King Kohli?". Retrieved 21 February 2024.
- ↑ "'My job was clear': Virat Kohli explains strategy after yet another run-chase masterclass vs Pakistan". The Times of India. ISSN 0971-8257. Retrieved 2025-02-23.
- ↑ "See Who Is The Tallest Player In The Indian Team". Cricket Addictor (अंग्रेजी में). 8 January 2022. Archived from the original on 13 May 2021. Retrieved 7 September 2021.
![]() | ई जीवनी संबंधी लेख क्रिकेट से जुड़ल कौनों व्यक्ति के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |