विकिपीडिया:बढ़ियाँ लेख लिखल

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:Writing better articles से अनुप्रेषित)

विकिपीडिया पर बढ़ियाँ लेख लिखे खातिर नीचे कुछ सलाह दिहल जात बाटे। इनहन के पालन करब तब आपो विकिपीडिया पर नीक लेख बनावे में आसानी से सफल हो जाइब।

भूमिका[संपादन करीं]

लेख में एक ठो माझिल आकार के भूमिका लिखे के चाहीं - न बहुत बड़, न बहुत छोट। भूमिका जेवन बा, लेख के परिचय होला, एह में लेख में आगे बतावल गइल मुख्य-मुख्य बात आ जाये के चाहीं आ ई अइसन भाषा में लिखल होखे के चाहीं कि पढ़े वाला के लेख में रूचि जाग जाय आ ऊ पूरा लेख पढ़े खातिर परिचित हो के तइयार हो सके। भूमिका में कौनों एगो बात के बिस्तार या या कौनों हलुक शब्द (हवाई तारीफ, निंदा, केहू के परसिद्ध, महान वगैरह लिखल) ना होखे के चाहीं बलुक ई एकदम सहज आ सटीक बात होखे के चाहीं।

भूमिका में फालतू कड़ी मत जोड़ीं, भरसक कोसिस करीं की लाल कड़ी न छूटे आ बहुत जरूरी न होखे तबतक ले संदर्भ न जोड़ीं। काहें से कि ई परिचय हवे, एह में लिखल बात दोबारा फिर लेख में आगे आई, आ ओही जे बिस्तार से संदर्भ सहित लिखल ढेर उचित रही। भूमिका में संदर्भ बस ओही बात खातिर दीं जेकरा के लेख में आगे कहीं बर्णन होखबे न करे आ कोसिस ई करीं की अइसन कौनों बात भूमिका में शामिल न करे के पड़े जेवना के आगे लेख में दोबारा बिस्तार से न लिखल गइल होखे। (एह बात के अपवाद के एक ठो उदाहरण शब्द के उच्चारण बाटे, लेख के शुरुआते में कौनों बिदेसी शब्द के ठीक बाद अगर ओकर उच्चारण बतावल जा रहल बा, आ ओकरा खातिर मजबूत संदर्भ दिहल जात बा तब ई जरूरी हो जाला कि भूमिके में संदर्भ जोड़ल जाय, अगर आगे चल के कहीं उच्चारण के बारे में न लिखल गइल होखे।)

पैराग्राफ[संपादन करीं]

लेख जरूरत अनुसार नीक से पैराग्राफ में बिभाजित होखे के चाहीं। कौनों पैराग्राफ बहुत बड़ भा छोट ना होखे के चाहीं (बिबेक अनुसार साइज के निर्धारण करीं)। अगर कौनों पैराग्राफ बहुत बड़ हो रहल होखे आ ओही बिसय पर अलगा से लेख बनावल जा सके तब दूसर लेख बिस्तार से बनाईं आ ओह लेख के संछेप में सारांश के मूल लेख में लिखीं।

हेडिंग[संपादन करीं]

हेडिंग भी बहुत लंबा या छोट न होखे। साफ़ सहज होखे। कई दसा में विकिपीडिया के अन्य ओही बिसय पर बनल लेखवन में इस्तेमाल हेडिंग सभ के साथ एकरूप होखे।

फोटो[संपादन करीं]

फोटो के आकार बहुत बड़ या छोट न राखीं। मोबाइल पर देखे वाला लोग के धियान में रख के फोटो के इस्तमाल करीं। फोटो के साफ सहज कैप्शन लिखीं। आ फोटो के पैरामीटर में जरूरत अनुसार |alt= पैरामीटर जरूर भरे के कोसिस करीं।

लेख के लहजा हमेशा तटस्थ आ औपचारिक होखे के चाहीं। धियान हमेशा रहे कि आप ज्ञानकोश में लेख लिख रहल बानी। ज्ञानकोश में लिखे खातिर कुछ खास शैली के बिबरण नीचे दिहल जा रहल बाटे:

  • समाचार इस्टाइल
  • संछेपण इस्टाइल
  • टोन