विकिपीडिया:प्रस्ताव द्वारा जियत लोग के जीवनी हटावल

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:STICKY से अनुप्रेषित)

जियत लोग के जीवनी वाला लेख के बारे में प्रस्ताव द्वारा हटावे के बिसेस ब्यवस्था बा, अगर अइसन जीवनी लेख जे केहू जियत ब्यक्ति के बारे में होखे आ लेख में एकहू स्रोत संदर्भ (चाहे हवाला के रूप में या बाहरी कड़ी वगैरह के रूप में) न होखे, एह प्रक्रिया द्वारा हटावल जा सके ला। प्रस्ताव द्वारा हटावे के आम प्रक्रिया से ई अलग एह मायने में बा कि एक बेर एकर टैग लगले पर ई टैग तबे हटावल जा सके ला जब कम से कम एक ठो बिस्वसनीय स्रोत के हवाला जोड़ दिहल जाय।

  • एह टैग के लगले के एक हप्ता के बाद लेख के हटावल जा सके ला।
  • एक हप्ता के भीतर लेख में सुधार कइल जा सके ला आ बिस्वसनीय स्रोत से संदर्भ दे के ई टैग हटावल जा सके ला।
  • अगर एक हप्ता पूरा हो जाय तब लेख कबो हटावल जा सके ला।
  • लेख अगर हटा दिहल गइल होखे आ बनावे वाला अब स्रोत के संदर्भ देवे के तइयार होखे, लेख के वापस ले आइल (अनडिलीट कइल) जा सके ला। एह दसा में {{Prod blp/dated}} के दोबारा सबस्टिच्यूट कइल जाला ताकि अगर एकरे बाद भी एक हप्ता में संदर्भ ना जोड़ल जाय, लेख के दोबारा हटा दिहल जाय। टैग के दुबारा लगावे के ई काम पन्ना वापस स्थापित करे वाला प्रबंधक करे ला लोग।
  • अगर आपके बनावल लेख एह प्रक्रिया द्वारा हटा दिहल गइल बा आ आप अब संदर्भ जोड़े के स्थिति में बानी, आपन संदर्भ दे के प्रबंधक सूचनापट पर लेख के वापस स्थापित करे (अनडिलीट करे) के अनुरोध क सकत बानी। राउर दिहल संदर्भ से संतुष्ट होखे पर प्रबंधक लेख के दोबारा स्थापित क दी लोग जेह में आगे सुधार कइल जा सकत बा। अगर आप अइसन वापस ले आइल लेख में एक हप्ता के भीतर संदर्भ ना जोड़ब आ लेख दोबारा हटा दिहल जाय तब एकरा के वापस ले आवे के अनुरोध ना कइल जा सकत बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]