विकिपीडिया:संपर्क - बिसय

विकिपीडिया से


पाठक
कौनों लेख में समस्या पाईं त कइसे रिपोट करीं, या अउरी जानकारी हासिल करीं।

लेख बिसय
आपके बारे में, आपके कंपनी के बारे में, या जेकर आप प्रतिनिधि बानी ओकरा बारे में लेख।

लाइसेंस संबंधी
विकिपीडिया से सामग्री कॉपी कइल, आपन सामग्री दान कइल, या कॉपीराइट समस्या पर धियान दियावल।

दानी
देखीं कि कइसे आ दान क सकत बानी आ दान के रकम के का इस्तमाल होला।

प्रेस आ पार्टनरशिप
अगर आप प्रेस से जुड़ल बानी आ विकिपीडिया से संपर्क कइल चाहत बानी।


अगर आप चाहे आप से संबंधित कंपनी, रचना वगैरह चीज खुदे लेख के बिसय होखे आ आप के ई बुझात होखे कि गलत चाहे दुर्भावना के साथे जानकारी लिखल गइल बाटे, आप खुद लेख में संपादन करे के बजाय विकिपीडिया सदस्य लोग से बात करीं आ मुद्दा के निपटारा करवाईं।

बातचीत पन्ना के लोकेशन (भोजपुरी में ई "Talk" के जगह "बातचीत" लिखल देखाई पड़ी)

विकिपीडिया के कौनों एक ठो सेंट्रल संपादन आ समीक्षा के मंच ना बाटे, हमनी के लगभग सारा जानकारी वालंटियर संपादक लोग के द्वारा लिखल जाला। एही से जे लोग आपके बारे में लेख लिखले बा, संपादित कइले बा आ ओकर धियान रखत बा, ओही लोग से बात कइल सभसे नीक उपाय बा।

अइसन लोग से आ लेख के "बातचीत" पन्ना पर टिप्पणी लिख के संपर्क क सकत बानी। एकरा खातिर लेख के ऊपरी हिस्सा में बाएँ "बातचीत" कड़ी पर क्लिक करीं। एक बेर ओहिजा पहुँच के ऊपर दाहिने ओर के "बिसय जोड़ीं" टैब पर क्लिक करीं। एह तरीका से नया चर्चा के खंड के सुरुआत होखी, ओहिजा आप आपन कमेंट आ मुद्दा लिख सकत बानी - सबसे ऊपर {{request edit}} लिख के आपन बात रखीं। एकरा बाद "पन्ना प्रकाशित करीं" पर क्लिक करीं आ राउर बात नया खंड में तुरंत दर्ज हो जाई।

अगर बातचीत पन्ना पर लिखे से बात ना हल होखे तब प्रबंधक सूचनापट पर टिप्पणी लिखीं।

अगर आप कौनों फोटो विकिपीडिया के लेख में लगावे खातिर दान कइल चाहत होखीं तब खुदे ओकरा के अपलोड करीं आ लेख में ओकरा के सामिल करवावे खातिर बातचीत पन्ना पर लिखीं। एकरा खातिर ई जरूरी बा कि फोटो के कॉपीराइट आपके खुद के लगे होखे, चाहे फोटो खींचे वाला अइसन फोटो के अपना सहमती से Creative Commons Attribution-ShareAlike 4.0 license के तहत जारी करे।