विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट भारत/मदद

विकिपीडिया से
विकिप्रोजेक्ट

भारत
मुख्य प्रोजेक्ट पन्नाबिसयमदद मददसदस्य सदस्यटेम्पलेट टेम्पलेटचर्चा परिचर्चा चर्चा परिचर्चा
इहाँ आपके विकिप्रोजेक्ट भारत के ओर से मदद के सामग्री उपलब्ध करावल गइल बाटे। ई विकिपीडिया के मूल मदद सामग्री आ नीति नियम के बिकल्प ना हवे बलुक उन्हने के अनुसार काम करे में मदद खातिर विकिप्रोजेक्ट भारत से संबंधित चीज पर बिसेस धियान देवे खातिर बाटे।
अकसर होखे वाली गलती
बिना संदर्भ दिहले लिखल

अक्सर ई देखल जाला की लोग इहाँ बिना संदर्भ दिहलहीं लेखवन में कुछ सामग्री जोड़ देला। अइसन कइल ठीक ना होला काहें से कि विकिपीडिया के जानकारी कौनों बिस्वास जोग जगह से संदर्भ के साथ लिखल होखे के चाहीं।

मूल शोध लिखल

विकिपीडिया पर आपन राय या बिचार लिखल मना बाटे। इहाँ उहे बात लिखल जाय जवना के पहिले से प्रकाशन हो चुकल होखे आ ओकरा खातिर बिस्वास जोग संदर्भ दिहल जा सके।

ढेर कड़ी जोड़

जरूरत से ज्यादा बेर एकही शब्द के कड़ी मत बनाईं।

क्रम

"इहो देखल जाय >> संदर्भ >> बाहरी कड़ी" ई सही क्रम हवे। आधार टैग सभका से नीचे रही; दू बेर एंटर दबा के दू लाइन छोड़ल जाय तब आधार टैग लगावल जाय।

औजार
धियान दीं की इहाँ अंग्रेजी विकि के औजार पन्ना के मिरर कॉपी नइखे बनावे के, ख़ाली उहे औजार राखल जय जवन विकिप्रोजेक्ट भारत से संबंधित होखे आ एह में उपयोगी होखे।
भारत से संबंधित औजार
  • भारतीय अंग्रेजी अखबार सर्च: ई एगो कस्टमाइज़ कइल सर्च इंजन बाटे जवन भारत में छपे वाला अंग्रेजी अखबार में खोज करे ला। अहिजा १०० से ढेर अखबार के जोड़ल गइल बाटे जिनहन में सर्च कइल जा सकत बाटे। हाँ, ई जरूर धियान दीं की ई इंटरनेट एक्सप्लोरर में ना काम करी।
संपादन में मददगार औजार
  • कड़ी खोज: नया लेख बनवले के बाद ओकर कड़ी कहाँ-कहाँ जोडल जा सकेला ई औजार बता देई।
  • गूगल किताब खातिर विकिपीडिया उद्धरण औजार" गूगल किताब के यूआरऍल दिहले पर ई औजार ओकरा के उचित साइटेशन टेम्पलेट के कोड में बदल देला। याद रहे की अगर आप स्निपेट व्यू के प्रयोग करब तब पन्ना के संख्या मैनुअली डाले के पड़ी।
  • DOI संदर्भ जनरेटर: DOI लिखले पर संदर्भ के कोड दे देला।
लेख सफाई औजार
  • चेकलिंक्स: लेख में मुर्दा कड़ी (DeadLinks) के जाँच करे खातिर। Please add the relevant userscript to quickly access this tool.
  • बहुअर्थी सुलझावक (Dab solver): बहुअर्थी पन्ना के कड़ी के खोजे आ ओकरा के ठीक करे में मददगार (टिप: एकरा के अपने कॉमन.जेएस में जोड़े खातिर importScript('User:Lilac Soul/dabsolve.js'); //Dabsolver script)
रिव्यू औजार
कॉपीराइट उल्लंघन जाँच
सदस्य योगदान बिस्लेषण