विकिपीडिया:लिखाई अउरी अंक नीति

विकिपीडिया से

ई विकिपीडिया देवनागरी लिखाई आ इंटरनेशनल अंक सिस्टम (अरबी अंक) में लिखल विकिपीडिया ह। एहिजा लिख के योगदान खातिर ई जरूरी बा कि लेख के टाइटिल आ सामग्री के भाषा भोजपुरी होखे आ ऊ देवनागरी लिखाई में लिखल गइल होखे। कुछ बिसेस दसा में अउरियो दूसर लिखाई सभ के इस्तेमाल कुछ जगहन पर कइल जा सकत बाटे जेकरा बारे में नीचे बतावल गइल बा:

अपवाद के दसा[संपादन करीं]

लिखाई[संपादन करीं]

ए विकिपीडिया पर हमेशा देवनागरी लिखाई में लिखल जाए के चाहीं। लेख के टाइटिल आ सामग्री दूनो के देवनागरी लिखाई में होखे के चाहीं। अइसन ना होखला पर, भले लिखल गइल चीज के भाषा भोजपुरी होखे, पन्ना भा सामग्री के हटा दिहल जाई।

कुछ अपवाद के रूप में, सीमित मात्रा में गैर-देवनागरी लिखाई के बेहवार के इजाजत बाटे:

  • लेख के शुरुआत में, लेख के नाँव के उच्चारण स्पष्ट करे खातिर जहाँ मूल भाषा के नाँव लिखल जरूरी होखे, लेख के नाँव के मूलभाषा वाला हिज्जे ओह भाषा के सबसे चलनसार लिखाई सिस्टम में लिखल जा सके ला। एकरा खातिर {{Lang-xx|मूलभाषा में नाँव}} के इस्तेमाल कइल जाय।
  • लेख के शुरूआत में, तकनीकी बिसय सभ के नाँव अंगरेजी भाषा में लिखल जा सके ला। एकरा खातिर {{Lang-en|अंगरेजी में नाँव}} के इस्तेमाल कइल जाय। एही तरे, भूमिका के पहिला वाक्य में बनस्पति आ जिया-जंतु सभ के बैज्ञानिक नाँव के रोमन अक्षर में लिखल जा सके ला। ई मूल रूप से सर्च के सुबिधा द्वारा लेख के आसानी से खोजे खातिर जोड़ल गइल बाटे।
  • कुछ दसा में, उच्चारण भा पहिचान साफ करे खातिर बिदेसी लोग, जगह, आ बैज्ञानिक टर्मावली के नाँव के ब्रैकेट में रोमन (अउरी कौनों ना) में लिखल जा सके ला।
  • आदर्श रूप से लेख में संदर्भ के भी अनुबाद होखे के चाहीं (मूल टाइटिल मूल लिखाई में) बाकी दुसरे भाषा के विकिपीडिया से कॉपी क के ले आवे पर संदर्भ के ओही तरह से छोड़ल जा सके ला, बाद में अनुबाद खातिर।
  • लेख अगर अइसन मूल बिसय के होखे जेकरा से भोजपुरी में परिचय वाया अंगरेजी बेसी होखत होखे, ऊपर बतावल तरीका से अंगरेजी नाँव रखल जा सके ला।
  • जहाँ कौनो दुसरी भाषा के कोटेशन (उद्धरण) जइसे के तइसे दिहल जा रहल होखे, मूलभाषा के कोटेशन ओह भाषा के चलनसार लिखाई में लिखल जा सके ला आ अइसन कोटेशन के अनुबाद भोजपुरी में जोड़ल जाए के चाहीं।
  • कौनों नाँव भा सामग्री के कैथी लिखाई में ना लिखल जाए के चाहीं, खाली भर ई कहि के कि कैथी भोजपुरी लिखे पे पुरान भा मूल लिखाई हवे।
  • कुछ दसा में, जहाँ बिसेस जरूरत होखे, अंगरेजी (रोमन) टाइटिल से अनुप्रेषण रखल जा सके लें। हालाँकि, बिबेकहीन ढंग से अंधाधुंध अइसन अनुप्रेषण बनावल बिघटनकारी आ उत्पात वाला संपादन भी मानल जा सके ला।
  • आमतौर पर टेम्पलेट आ मॉड्यूल सभ के टाइटिल आ कोडिंग वाला हिस्सा अंगरेजी में रखल जाला आ इनहन से होखे वाला डिस्प्ले, जहाँ तक हो सके, देवनागरी लिखाई में लिखल भोजपुरी होखे ला। बिसेस जरूरत पड़े पर इनहन के भोजपुरी नाँव (देवनागरी आ इंटरनेशनल अंक में) से अंगरेजी नाँव पर अनुप्रेषण बनावल जा सके ला।
  • कुछ दसा में श्रेणी सभ के नाँव अंगरेजी में रखल जा सके ला। जइसे कि टेम्पलेट रखे वाली श्रेणी जहाँ भबिस्य में अउरी अइसन टेम्पलेट के आयात होखे के संभावना होखे या कुछ दसा में रखरखाव के श्रेणी सभ।
  • कुछ दशा में बिस्तारित देवनागरी लिखाई के अक्षर सभ के इस्तेमाल कइल जाये के चाहीं जहाँ उच्चारण सटीकता से देखावे के होखे। एकरा खातिर चलन में आ चुकल ॅ या ऑ नियर कैरेक्टर सब के इस्तेमाल कइल जा सके ला बाकी कम चलन वाला बिस्तारित देवनागरी अक्षर सभ के इस्तेमाल आम लेखन में ना कइल जाए के चाहीं, भले अइसन यूनिकोड में लिखल संभव होखे।
  • कुछ बिसेस दसा में लेख के टाइटिल भी रोमन लिखाई में रखल जा सके लीं जइसे की इंटरनेट टीएलडी पर बनल लेख।

अंक[संपादन करीं]

ए विकिपीडिया पर डिफॉल्ट अंक सिस्टम इंटरनेशनल अंक सिस्टम (अरबी अंक) लागू बा (1, 2, 3... तरीका से)। एही अंक सिस्टम के इस्तेमाल लेख के टाइटिल आ लेख के सामग्री आ अउरी दूसर पन्ना (श्रेणी, टेम्पलेट बनावे में होखे के चाहीं)। एकर नीचे दिहल अपवाद बाड़ें जवना दसा में दुसरे लिखाई के अंक रखल जा सके लें:

  • लेख खुद ओह अंक सिस्टम के बारे में होखे, या ओह अंक सिस्टम से नगीचे से जुड़ल होखे, आ उनहन के उदाहरन दिहल जरूरी होखे तब दुसरे लिखाई सिस्टम के अंक के इस्तेमाल कइल जा सके ला।
  • मैथिली, अवधी, नेपाली, हिंदी, मराठी, संस्कृत नियर देवनागरी में लिखल जाए वाली भाषा सभ के सामग्री के जहाँ बिसेस जरूरत पर कोटेशन (उद्धरण) लिखल जा रहल होखे आ ओहिजे यथारूप लिखे में देवनागरी अंक आवत होखें तब देवनागरी अंक के इस्तेमाल कइल जाय।
  • बिसेस जरूरत पर, देवनागरी अंक वाला टाइटिल से अनुप्रेषण रखल जा सके लें। हालाँकि, बिबेकहीन ढंग से अंधाधुंध अइसन अनुप्रेषण बनावल बिघटनकारी आ उत्पात वाला संपादन भी मानल जा सके ला।
  • दुसरे विकिपीडिया (जइसे नेपाली, मैथिली, हिंदी, मराठी वगैरह) से कॉपी करे पर भी मुख्य सामग्री के साथे-साथ दिहल गइल संदर्भ सभ में अंक के बदलाव तुरंत कइल जाये के चाहीं।

ऊपर बतावल गइल दसा के अलावा, आम लेख लिखत घरी, प्रयोगकर्ता लोगन के एह नीति के पालन करे के चाहीं आ देवनागरी लिखाई आ इंटरनेशनल अंक के अलावा दुसरे सिस्टम के इस्तेमाल ना करे के चाहीं। एह नीति के बेर-बेर लगातार आ मना करे के बावजूद उलंघन करे पर अइसन संपादन बिघटनकारी आ उत्पात मानल जा सके ला।

लागू कइल[संपादन करीं]

एह नीति के लागू करे खाती नीचे दिहल काम कइल जा सके लें:

  • देवनागरी में लिप्यंतरण करे खातिर अनुमति प्राप्त बॉट द्वारा संपादन कइल जा सके ला।
  • इंटरनेशनल अंक में बदले खातिर अनुमति प्राप्त बॉट से संपादन कइल जा सके ला। जहाँ अइसन देवनागरी अंक जरूरी तौर पर लिखल होखें आ उनहन के बदलाव अपेक्षित न होखे, अइसन पन्ना पर {{Contains Devnagri numerals}} के इस्तेमाल कइल जाये के चाहीं।
  • गैर-देवनागरी टाइटिल भा देवनागरी अंक सभ के इस्तेमाल रोके खातिर संपादन फिल्टर के इस्तेमाल कइल जा सके ला।
  • नीति के लगातार, आ मना करे के बावजूद, उलंघन पर प्रयोगकर्ता के ब्लॉक कइल जा सके ला।
  • दुसरे भाषा के विकिपीडिया से कॉपी करत घरी भा अनुबाद क के सामग्री ले आवत घरी बिसेस धियान रहे कि एह नीति के उलंघन न होखे।
  • तेजी से अंक बदलाव खातिर विकिफिकेटर औजार के इस्तेमाल कइल जा सकत बा। (ई टूलबार में, टेम्पलेट इन्सर्ट करे आ सिंटेक्स हाइलाईट करे वाला बटन के बीचा में मौजूद एगो बटन बाटे।