विकिपीडिया:बिघटनकारी संपादन
Appearance
![]() | Editing of this page by new or unregistered users is currently disabled. See the protection policy and protection log for more details. If you cannot edit this page and you wish to make a change, you can submit an edit request, discuss changes on the talk page, request unprotection, log in, or create an account. |
विघटनकारी संपादक अइसन संपादक होला जे नीचे लिखल बेहवार सभ के परदरशन करे ला:
- कौनों खास झुकाव वाला; अन्य संपादक लोग के बिरोध के बावजूद कौनों खास बिंदु भा मुद्दा के पाछे पड़ल रहि के कौनों लेख बिसेस भा कुछ खास लेखवन सभ के संपादन के लमहर समय ले जारी रखे ला। अइसन संकीर्ण झुकाव वाला संपादक लोग खाली सामग्रिये ना जोड़ देला; कुछ लोग विघटनकारी तरीका से सामग्रिया हटावहू में शामिल होला, जइसे कि - बेर-बेर दुसरा संपादकन के जोड़ल भरोसेमंद स्रोतन के हटावल।
- सत्यापनीयता के जरूरत पूरा करे खातिर इच्छुक ना होला भा असमर्थ होला; स्रोत के हवाला देवे में नाकाम रहे ला, गैर-विश्वकोशीय स्रोत के हवाला देला, भरोसेमंद स्रोत के गलत तरीका से पेश करेला, चाहे मूल शोध के निर्माण करेला।
- "विघटनकारी साइट-टैगिंग" में लागल होला; लेखवन में अनुचित {{citation needed}} टैग जोड़ देला जब टैग कइल सामग्री पहिले से सोर्स कइल गइल होखे, अइसन टैग सभ के इस्तेमाल ई बतावे खातिर करे ला कि सही तरीका से सोर्स कइल लेख सामग्री संदिग्ध बा।
- आम सहमति बनावे में ना शामिल होला:
- बेर-बेर अन्य संपादक लोग के सवाल भा संपादन भा संपादन पर आपत्ति से संबंधित ब्याख्या के अनुरोध के अनदेखी करे ला;
- बेर-बेर दोसरा संपादकन के द्वारा उनहन लोगन के संपादन खातिर दिहल ब्याख्या के अनदेखी करे ला।
- समुदाय के इनपुट के नकार देला या अनदेखी करे ला: मॉडरेशन आ/या टिप्पणी खातिर अनुरोध के विरोध करे ला, निष्पक्ष संपादक लोग के बिपरीत सहमति के बावजूद कौनों खास बिंदु भा मुद्दा के खोज में/ओही बात के पाछे पड़ के संपादन जारी रखे ला।
एकरे अलावा, अइसन संपादक लोग:
- उत्पादक योगदानकर्ता लोग के भगावे के अभियान चलावे ला: विकिपीडिया:सभ्यता, विकिपीडिया:निजी हमला ना, या विकिपीडिया:लेख सभ के मालिकाना हक — या सॉकपपेटरी/मीटपपेटरी नियर नीति आ दिशानिर्देश सभ के बिपरीत काम करे, जेकरा चलते आम समुदाय के धीरज भले न जबाब दे रहल होखे बाकी जे अइसन दिसा में जा रहल होखे जेकरा चलते होखे कुछ लेखवन पर उत्पादक, नियम के पालन करे वाला संपादकन के धैर्य जरूर खतम करे वाला होखेl मतलब ई कि, कौनों बिसय-बिसेस से जुड़ल संपादक लोग के खातिर एतना परेशानी पैदा करे कि ऊ नीक संपादक लोग भी हतोत्साहित हो जाय।