विकिपीडिया:चौपाल/हेडर

विकिपीडिया से
विकिपीडिया के चौपाल पर राउर स्वागत बा!

विकिपीडिया एगो ऑनलाइन ज्ञानकोश हवे जहाँ बिबिध बिसयन पर प्रमाण सहित जानकारी उपलब्ध करावे के कोशिस बा। ज्ञानकोश के अलावा ई संपादक लोग के मंडली भी हवे आ अगर आप प्रमाण सहित कौनों जानकारी जोड़ सकीं, एह ज्ञानकोश के बढ़ावे में मदद करीं

इहाँ सगरी सदस्य लोग के धियान देवे लायक मुद्दा पर चर्चा कइल जा सके ला।

ई चौपाल पन्ना विकिपीडिया के सार्वजनिक चर्चा पन्ना हऽ। मने कि एह खातिर हवे कि पूरा विकिपीडिया सदस्य मंडली के जानकारी में आवे लायक बात लिखल जा सके ला जे विकिपीडिया से संबंधित, विकिपीडिया से जुड़ल तकनीकी मामिला, या विकिपीडिया पर मौजूद लेख, साँचा, श्रेणी, फोटो के रखरखाव भा सुधार के बारे में होखे।

हालाँकि, छोट मुद्दा भा कवनो एक ठो लेख के बारे में कौनों समस्या होखे तब संबंधित बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखीं आ इहाँ टेम्पलेट {{धियान दीं}} के इस्तेमाल क के सनेसा भर छोड़ दीं। इहाँ चर्चा तब्बे शुरू करीं जब बिसय से कई पन्ना परभावित होखत होखें। दुसरे जगहन पर चर्चा सभ के बारे में विकिपीडियन लोग के सूचना चहुँपावे खातिर इहाँ लिख सकत बानी।