विकिपीडिया:इतिहास में आजु/2 जुलाई

विकिपीडिया से

इतिहास में 2 जुलाई के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।

नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।

जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।


2 जुलाई:

एमिलिया अर्हार्ट
एमिलिया अर्हार्ट
  • 1900 – जर्मनी में एगो झील के ऊपर से हो के पहिला जेपलिन बिमान उड़ान भरलस।
  • 1937 – उड़ान के क्षेत्र में नामी एमिलिया अर्हार्ट (फोटो में देखावल) आ फ्रेड नूनान, हवाई जहाज द्वारा पृथ्वी के चक्कर लगावे के कोसिस में प्रशांत महासागर में कहीं गयाब हो गइल लोग।
  • 1972 भारतीय प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी आ पाकिस्तान के राष्ट्रपति जुल्फिकार अली भुट्टो, शिमला समझौता पर दसखत कइल लो।
  • 1983 सुदेसी तकनीक से बनल कलपक्कम परमाणु बिजली केंद्र के पहिली इकाई काम सुरू कइलस।

सामुएल हानेमान (ज॰ 1843), यूसुफ़ मेहरअली (नि॰ 1950)