विकिपीडिया:इतिहास में आजु/22 जनवरी

विकिपीडिया से

इतिहास में 22 जनवरी के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।

नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।

जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।


22 जनवरी:

बोइंग 747
बोइंग 747
  • 1506 – 150 गो स्विस गार्ड लोग के पहिला खेप वेटिकन सिटी चहुँपल आ पोप के सुरक्षा के जिम्मेदारी एकरे बाद एही लोग के द्वारा सम्हारल जाला।
  • 1863जनवरी बिद्रोह के रूप में पोलैंड, बेलारूस आ लिथुआनियाई लोग द्वारा रूसी सेना आ सत्ता के खिलाफ आंदोलन भड़क उठल।
  • 1970बोइंग 747 बिमान (फोटो में 1968 के एगो प्रोटोटाइप देखावल बा) पैन अमेरिका एयरलाइन्स खातिर न्यूयार्क-लंदन रूट पर पहिली बेर सर्विस में आइल।
  • 1980 – सोवियत खातिर हाइड्रोजन बम बनावे में मुख्य ब्यक्ति आ नोबल बिजेता आंद्रेई सखारोव के अफगानिस्तान के लड़ाई के खिलाफ प्रदर्शन करे खातिर गिरफ्तार क के गोर्की भेज दिहल गइल।
  • 1984 – एपल कंपनी ग्राफिक यूजर इंटरफेस वाला आपन पहिला सफल पर्सनल कंप्यूटर मैकिंटोश बजार में उतरलस।
लार्ड बायरन (ज॰ 1788), रानी विक्टोरिया (नि॰ 1901)