विकास गुप्ता

विकिपीडिया से
विकास गुप्ता
विकास गुप्ता (2019)
जनम (1987-05-07) मई 7, 1987 (उमिर 36)[1]
राष्ट्रीयताभारतीय
पेशाप्रोड्यूसर, एक्टर, स्क्रीनलेखक, रियलिटी टीवी स्टार
परसिद्धि के कारनबिग बॉस 11

विकास गुप्ता एगो भारतीय टीवी प्रोड्यूसर, पटकथा लेखक (स्क्रीनप्ले राइटर) आ एक्टर बाने। वर्तमान में ई कलर्स टीवी पर प्रसारित होखे वाला रियलिटी शो बिग बॉस 11 में प्रतियोगी के रूप में हिस्सा ले रहल बाने।[2][3] एकरे पहिले विकास गुप्ता एकता कपूर के प्रोडक्शन बालाजी टेलीफिल्म्स खाती काम क चुकल बाने आ महाभारत, क्योंकि सास भी कभी बहू थी, आ किस देस में है मेरा दिल नियर कार्यक्रम सभ के निर्माण में क्रिएटिव हेड रहलें।[1] ' बाद में गुप्ता आपन खुद के प्रोडक्शन चालू कइलें जेकर नाँव दि लॉस्ट ब्वाय प्रोडक्शंस बा आ एकरे तहत गुमराह: एंड ऑफ इन्नोसेंस, कैसी ये यारियाँ, वी दि सीरियल (V The Serial), ये है आशिकीएमटीवी वेब्ड नियर पापुलर सीरियल बना चुकल बाने। ई एमटीवी इंडिया के प्रोग्रामिंग हेड भी बाने।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Bigg Boss 11: Who is Vikas Gupta? Profile, Biography, Photos and Video". The Indian Express. 4 अक्टूबर 2017.
  2. "Vikas Gupta:Biography of Bigg Boss 11 contestant Vikas Gupta | बिग बॉस 11 प्रतियोगी विकास गुप्ता की जीवनी" (हिंदी में). Navbharattimes.indiatimes.com. Retrieved 2017-11-20.
  3. "Vikas Gupta- Bigg Boss 11 Contestant: Biography". 2 अक्टूबर 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]