वाशिंग मशीन

विकिपीडिया से
एगो फ्रंट लोडिंग वाशिंग मशीन

वाशिंग मशीन चाहे वॉशिंग मशीन एगो घरेलू इस्तेमाल के मशीन हवे जे गंदा कपड़ा धोवे के कामे आवे ले। ई शब्द बहुधा अइसन मशीन सभ के खातिर इस्तमाल कइल जाला जे पानी के उपयोग क के कपड़ा धोवे लीं; जबकि बिना पानी के कपड़ा साफ करे के काम ड्राई क्लीनिंग कहाला।

बनावट के आधार प ई टॉप ओपेन (ऊपर से खुले वाला ढक्कनदार) चाहे फ्रंट ओपेन (साम्हने से खुले वाली) होखे लीं। एकरे अलावा इनहन के ऑटोमेटिक, सेमी-ऑटोमेटिक आ मैनुअल किसिम में बाँटल जाला।

पुरान समय के मैनुअल टाइमर वाली मशीन सभ के जगह अब डिजिटल टाइमर आ कई किसिम के प्रीसेट वाली मशीन आ रहल बाड़ी आ इहो दावा कइल जा रहल बा कि कुछ में एआइ (AI) के इस्तेमाल हो रहल बाटे।

पर्यावरण प परभाव[संपादन करीं]

नया वाशिंग मशीन के दाम के तुलना में पुरान के मरम्मत के बढ़त लागत के कारण सालाना खराब वाशिंग मशीन के फेंकल जाए वाला संख्या में बहुत बढ़ती भइल बा, जवना से पर्यावरण के नुकसान भइल बा। मरम्मत के लागत आ मशीन के उमेद वाला लाइफ के कारण पुरान मशीन के रिपेयर करावे के जगह नया मशीन खरीदल बेहतर विकल्प लाग सके ला।

अलग-अलग वाशिंग मशीन मॉडल सभ में पानी, डिटर्जेंट आ एनर्जी के इस्तेमाल में बहुत अंतर होला। ताप खातिर जवन ऊर्जा के जरूरत होला ऊ रोशनी, इलेक्ट्रिक मोटर आ इलेक्ट्रॉनिक उपकरण सभ में इस्तेमाल होखे वाली ऊर्जा के तुलना में बहुत होला। एही कारन, गरम पानी के इस्तेमाल के कारण, वाशिंग मशीन सभ एगो बेसी एनर्जी खपत वाली मशीन बन जालीं।

वाशिंग मशीन सभ में पानी के खपत एगो नोट करे जोग पर्यावरणी मुद्दा बाटे।