वार्नर म्यूजिक ग्रुप

विकिपीडिया से

वार्नर म्यूजिक ग्रुप कॉर्प चाहे वार्नर म्यूजिक ग्रुप (अंग्रेजी: Warner Music Group; छोटहन: WMG; माने: वार्नर संगीत गोठ) एगो अमेरिकी बहुराष्ट्रीय मनोरंजनरिकार्ड लेबल समूह हवे जेकर मुख्यालय न्यूयॉर्क सिटी मे बा। ई "तीन गो बड़" रिकार्डिंग कंपनी सभ मे से एगो हवे आ ग्लोबल म्यूजिक इंडस्ट्री में यूनिवर्सल म्यूजिक ग्रुप (UMG) आ सोनी म्यूजिक एंटरटेनमेंट (SME) के बाद तीसरका सभसे बड़ कंपनी हवे। पहिले टाइम वार्नर (अब वार्नर ब्रदर्स डिस्कवरी) के हिस्सा रहल, डब्लूएमजी के न्यूयॉर्क स्टॉक एक्सचेंज पर 2005 से 2011 ले सार्वजनिक रूप से कारोबार भइल, जब ऊ अपना निजीकरण आ एक्सेस इंडस्ट्रीज के बिक्री के घोषणा कइलस। बाद मे एकर दूसरा आईपीओ 2020 में नैस्डैक पर भइल आ एक बेर फिर से पब्लिक कंपनी बन गइल। बहुअरब डॉलर के सालाना कारोबार के साथ डब्ल्यूएमजी में 3,500 से ढेर लोग काम करे ला आ पूरा दुनिया के 50 से ढेर देस सभ में एकर कामकाज बा