वायरलेस
Jump to navigation
Jump to search
वायरलेस दू अलग अलग जगह पर मौजूद यंत्र सभ के बीचा में बिना बिजली के तार के इस्तेमाल के सूचना, डेटा भा पावर के आवाजाही संभव करे वाली टेक्नालजी हवे। एही कारन एकरा के बेतार भी कहल जाला। एह टेक्नालजी में सभसे आम प्रकार रेडियो-वेव सभ के इस्तेमाल बाटे आ सुरुआत में रेडियो खाती एह शब्द के इस्तेमाल होखे; बाद में ब्राडबैंड आ ब्लूटूथ नियर चीज के आ गइले से अब रेडियो खातिर एकर इस्तेमाल बंद हो गइल बा। एकर रेंज कुछ मीटर से ले के करोड़न किलोमीटर ले हो सके ला; उदाहरण खाती ब्लूटूथ में रेंज कुछ मीटर के होला जबकि सुदूर अंतरिक्ष में भेजल यान सभ से कम्युनिकेशन करे में ई रेंज बहुते ढेर होखे ला।
![]() | ई टेक्नालॉजी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |