लोकेशन

विकिपीडिया से

लोकेशन (अंग्रेजी: location), जेकरा के आम भाषा में अस्थान या फिर जगह कह दिहल जाला, भूगोल में पृथ्वी की कौनों क्षेत्र, सहर, गांव या कौनों भी बिंदु के कहल जाला जेवन अपनी स्थिति खातिर बिसेस रूप से पहिचनाल जा सके। आम बोलचाल में जगह आ लोकेशन दुनों के एकही अरथ लगावल जाला। हालाँकि, भूगोल में इनहन में एगो भेद कइल जाला। लोकेशन के भूगोल में दू तरीका से बतावल जाला। स्वतंत्र निर्देशांक द्वारा, मने की अक्षांश-देशांतर की द्वारा[1]; या सापेक्षिक निर्देशांक द्वारा - जेवना में दूसरी मालूम जगहन से दूरी आ दिशा बतावल जाला। जबकी, जगह के परिभाषा बतावे में सटीक लोकेशन पर ओतना जोर ना होला जेतना कि ओह लोकेशन पर पावे जाए वाला चीज सभ के बिसेसता बतावे पर होला।[2] के अपने आप में बिशिष्ट भइले की कारन ई भूगोल के आधार हवे, काहें से की भूगोल में प्राथमिक रूप से एही बात के पढ़ाई होला की कौनो चीज कौनी-कौनी जगह पर पावल जाला, या फिर कौनों जगह बिसेस पर कवन-कवन चीज मिलेला।

तीन गो अर्थ[संपादन करीं]

भूगोल आ जीआइएस में आमतौर पर जगह शब्द के तीन गो अरथ में प्रयोग हो सकेला:[3]

  1. पृथ्वी क कौनो हिस्सा (Space),
  2. लोकेशन (Location) आ
  3. अइसन अस्थान जेवना के स्पष्ट पहिचान होखे (Place)

एह में लोकेशन आ प्लेस में ई अंतर होला की लोकेशन पृथ्वी क कौनो भी बिंदु हो सकेला जइसे की 27° 59' N आ 86° 56' E एगो लोकेशन बा। बाकी जबले एकर पहिचान नइखे तबले ई अस्थान (प्लेस) ना कहाई। हँ, जब ई बता दिहल जाय की ई माउन्ट एवरेस्ट के लोकेशन हवे, तब ई एगो बिसेस जगह बन जाई जेवना के पहिचान भी साफ हो गइल। अब ई जगह के प्लेस कहल जाई।[4]

लोकेशनल एनालिसिस[संपादन करीं]

लोकेशनल एनालिसिस[5] चीजन के, लोगन के, कौनों संगठन के लोगन के, जानकारी के, चाहे बिबिध किसिम के गतिविधि आ सामग्री सभ के इष्टतम (ऑप्टिमम) प्लेसमेंट के खोज, आकलन आ ओकरा के निर्दिष्ट करे के तकनीक हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. Gersmehl, P. (2008). Teaching Geography, 2nd ed. p. 60.
  2. Society, National Geographic. "Place". नेशनल ज्याग्राफिक डॉट ओआरजी. Retrieved 23 सितंबर 2020.
  3. Rubinov, Lev (12 सितंबर 2019). "Space vs Place vs Location". ArcGIS StoryMaps (अंग्रेजी में). Retrieved 23 सितंबर 2020.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  4. "...in contrast to location, it (place) is not used in an abstract sense but confined to an identifiable location on which we load certain values." - पीटर हैगेट, Geography:A Global Synthesis, (2001), pp.5
  5. "Location Analysis - an overview | ScienceDirect Topics". sciencedirect.com. Retrieved 12 मार्च 2023.