लैपटाप
Appearance
लैपटॉप एक तरह के कंप्यूटर होला जे साइज में छोट आ आसानी से ले जाए लायक होला। एकरे निचला हिस्सा में मूल कंप्यूटर मशीनरी होला आ कीबोर्ड आ टचपैड होला जबकि एह पर कब्जा के सहारे कसल ढक्कन के अंदरूनी हिस्सा में एलसीडी भा एलईडी स्क्रीन होला। लैपटाप के नोटबुक या नोटबुक कंप्यूटर भी कहल जाला। जद्यपि कि सुरुआत में एह दुन्नो शब्दावली, लैपटाप आ नोटबुक, में कुछ अंतर कइल जाय, साल 2014 के बाद से अब अइसन कवनों अंतर ना रह गइल बा।[1] लैपटॉप सभ के प्रयोग बिबिध प्रकार के काम आ दसा में हो रहल बा, आफिस में, शिक्षा के क्षेत्र में, गेम खेले खातिर आ पर्सनल मल्टीमीडिया यंत्र के रूप में एकर प्रमुख इस्तेमाल बाटे।
गैलरी
[संपादन करीं]-
परंपरागत डिजाइन वाला एप्पल कंपनी के मैकबुक प्रो
-
सोनी वायो के सब-नोटबुक
-
लेनेवो के थिंकपैड, एगो बिजनेस लैपटाप
-
आसूस कंपनी के x21 अल्ट्राबुक
-
माइक्रोसॉफ्ट सरफेस प्रो 3, एगो 2-इन-1 अलगा करे वाला सिस्टम
-
एलियनवेयर, एगो डेस्कटॉप रिप्लेसमेंट
-
पैनासोनिक के टफबुक, रफ-टफ लैपटाप
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
- ↑ Strickland, Jonathan. "What's the difference between notebooks, netbooks and ultra-mobile PCs?". HowStuffWorks.com. Retrieved 23 September 2014.