Jump to content

लेनिनवाद

विकिपीडिया से
व्लादिमीर लेनिन, जिनका नाँव प लेनिनवाद के नाँव रखल गइल।

लेनिनवाद (अंग्रेजी: Leninism) एगो राजनीतिक बिचारधारा हवे, जवन रूसी मार्क्सवादी क्रांतिकारी व्लादिमीर लेनिन द्वारा विकसित कइल गइल रहे। ई बिचारधारा एह बात के प्रस्ताव रखेला कि कम्युनिज्म स्थापित करे से पहिले एगो क्रांतिकारी अगुआ पार्टी (वैनगार्ड पार्टी) के अगुआई में मजूरा वर्ग (प्रोलितैरियेत) के तानाशाही अस्थापित होखे के पड़ी। लेनिन के योगदान मार्क्सवादी विचारधारा में खास तौर पर पार्टी, साम्राज्यवाद (इंपीरियलिज्म), राज्य (स्टेट) आ क्रांति (रिवोल्यूशन) से जुड़ल थियरी सभ में रहल। लेनिनवादी अगुआ पार्टी के काम हवे कि मजूरा वर्ग के राजनीतिक चेतना (शिक्षा आ संगठन) देवे, आ अइसन नेतृत्व प्रदान करे जवन रूसी साम्राज्य (1721–1917) में पूंजीवाद के खतम कर सके।