लाघव

विकिपीडिया से
लाघव
U+0970 DEVANAGARI ABBREVIATION SIGN (HTML ॰)

लाघव (; संस्कृत: लाघव चिह्न) देवनागरी लिखाई में संछेप करे के चीन्हा हवे, जेकर तुलना लैटिन वर्णमाला में इस्तेमाल होखे वाला फुल स्टॉप भा एलिप्सिस से कइल जा सके ला। एकरा के यूनिकोड में एन्कोड कइल गइल बा U+0970 DEVANAGARI ABBREVIATION SIGN (HTML ॰).[1]

हिंदी आ अउरी देवनागरी -लिपि आधारित भाषा में एकर प्रयोग संक्षिप्त चिन्ह के रूप में होला। जइसे कि "डॉ." के लिखल जाला "डॉ॰", "M.Sc." के लिखल जाला "एम॰एससी॰"।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Devanagari - Unicode Consortium, Unicode Chart, http://unicode.org/charts/PDF/U0900.pdf