Jump to content

लक्ष्मीनाथ बेजबरुआ

विकिपीडिया से
लक्ष्मीनाथ बेजबरुआ
जनम14 अक्टूबर 1864
आहतागुरी, नगाँव, आसाम, ब्रिटिश भारत
निधनमार्च 26, 1938(1938-03-26) (उमिर 73)
डिब्रूगढ़, आसाम, भारत
पेशा सभकवी, लेखक
जीवनसंगीप्रज्ञासुंदरी देवी
Parentsदीनानाथ बेजबरुआ (बाबूजी)
थानेश्वरी देवी (महतारी)

लक्ष्मीनाथ बेजबरुआ (14 अक्टूबर 1864 – 26 मार्च 1938) आसाम के एगो कवी, उपन्यासकार आ नाटककार रहलें। असमिया साहित्य के आधुनिक जमाना के रोमांटिक काल जेकरा के जोनाकी काल कहल जाला के ई सभसे प्रमुख प्रतिनिधि रहलें आ असमिया साहित्य में इनके योगदान के खास महत्व बाटे। कबिता, उपन्यास आ नाटक के अलावा ई निबंध, कहानी आ ब्यंग के रचना कइलेन आ इनके रचना सभ के आसाम के लोग से खास जुड़ाव हवे। इनके असमिया साहित्य में आधुनिक काल के अगुआ मानल जाला।[1]

  1. ↑ Murugesan, Manivannan (2018). "A Comparative Study of Lakshminath Bezbaroa and Subramania Bharati". Indian Literature. 62 (1 (303)): 166–180. ISSN 0019-5804.