रोमन प्रजातंत्र

विकिपीडिया से

रोमन प्रजातंत्र पुरान रोम के एगो काल रहे, जेवन की रोमन राजतंत्र के हटला के बाद 509 इसा पूरब मे आइल आ 27 इसा पूरब ले रहल, होकरा बाद रोमन समराज्य के अस्थापना भइल।

ओह घड़ी कर रोमन समाज मे लैटिन, इत्रिस्की आ यूनानी लोग रहे।

इतिहास[संपादन करीं]

स्थापना (509 ईशा पूर्व)[संपादन करीं]

जहिया ले रोम के स्थापना भइल रहे, तहिये से एहिजा राज तंत्र रहे। रोमन राज के अंतिम राजा लूसियस रहे। 509 ईशा पूर्व मे हिनका के निस्कासित कई दिहल गइल, एह से की हिनकर पूत सेक्टस, लूक्रेसिआ नांव के एगो राजपरिवार के मेहरारू जोरे कुकरम कई दिहले रहे, बादि मे लूक्रेसिआ आत्महत्या कर लेतीया। सेक्टस के देस से नीकार दिहल जाता।

सीनेट राजतंत्र के भंग करे के बाति सकार लेता। राजा के काज के दूगो पद मे बांटि दियाता, आ दुनो पद प एकक बरिस ला निउक्त कइल जाता। रहमे एगो दोसरका प नजर राख सकत रहे। जदि दुनो मे ले कोनो आपन काज के नीमन से ना करत रहे तऽ होकरा पद से निस्कासित कई दिहल जात रहे।

ई दुनो पदाधिकारी के कन्सुल कहल जात रहे। ब्रूटस आ कलेटिनस रोमन प्रजातंत्र के पहिका कन्सुल रहऽसन। बाद मे कलेटिनस से पद छिनि लिहल गइल आ रोम से निकार दिहल गइल आ ओकर जगहा प पुलीबस के कंसुल बनावल गइल।[1]

सनर्भ[संपादन करीं]

  1. Cornell, Beginnings of Rome, pp. 226–228.