रिहाना

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
रिहाना
Rihanna Fenty 2018.png
2018 मे रिहाना
जनम रोबिन रिहाना फेंटी
(1988-02-20) फरवरी 20, 1988 (उमिर 33)
सेंट मिचेल, बारबाडोस
पेशा
  • गवइया
  • गीतकार
  • अभीनेत्रि
  • बेआपरी
सक्रियता साल 2003–अभिन ले
Organisation
नेट मूल्य US$600 million (2019 estimate)
सम्मान/पुरस्कार Full list
वेबसाइट rihanna.com
संगीत जात्रा
बिधा
साज Vocals
लेबल सभ
संबंधित एक्ट
Barbadian Ambassador Extraordinary and Plenipotentiary
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
सितंबर 21, 2018

रोबिन रिहाना फेंटी (जनम: 20 फरवरी 1988) एगो बारबाडोस के गवइया, अभीनेत्रि आ बेआपरी हई। ई बारबाडोस के सेंट मिचेल नगर मे जनमली आ ब्रीजटाउन नगर मे पोसइली। बारबाडोस मे हिनकरा अमेरिका के प्रोड्यूसर इवान रोजर्स देखलें आ अमेरिका बोलवलें। 2005 मे म्यूजिक ऑफ़ द सन (माने: सूरूज के संगीत) आ 2006 मे ए गर्ल लाइक मी (माने: हमरा लेखा एगो लइकी) नांव के एलबम अईला के बाद ई परसिध भईली।

रिहाना के तीसरका एलबम गुड गर्ल गौन बैड (2007) बहुत परसिद्ध भईल आ संगीत के दुनिया मे इनकर छबी एगो यौन प्रतीक के रूप में स्थापित कई दिहलस। इनकर अंब्रेला गाना के ग्रैमी अवार्ड मिलल आ दुनिया भ मे इनकर नांव भईल। ई आपन अगिला स्टूडियो एल्बम, रेटेड आर (2009), लाउड (2010), टॉक दैट टॉक (2011), आ अनपॉलगेटिक (2012) मे पॉप, डांस, आ आर एंड बी शैलियन के फेंटत रहली।